[the_ad_group id="30365"]

G-20 सम्मेलन वाराणसी: LED पोल, डिजिटल अउर फ्लेक्स होर्डिंग, जोर शोर से चल रहल बा तैयारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंडलायुक्त कौशल राज शर्मा के अध्यक्षता में जी-20 सम्मेलन के तैयारियन के समीक्षा बैठक कमिश्नरी सभागार में भइल। सोमार के मंडलायुक्त नगर निगम अउर वाराणसी विकास प्राधिकरण के शहर से अवैध होर्डिंग हटवावे के जिम्मेदारी दिहलें।

मंडलायुक्त स्मार्ट सिटी से शहर के उपयुक्त स्थान पर एलईडी पोल, डिजिटल अउर फ्लेक्स होर्डिंग लगवावे के कहनें। एकरे अलावा पोस्ट आफिस, बैंक, रेलवे, एयरपोर्ट अथॉरिटी, मॉल, दुकान, मुख्य रास्ता पर सुंदरीकरण, फसाड लाइटिंग के काम करावल जाई।

बैठक में नगर आयुक्त प्रणय सिंह बतवलें कि अप्रैल से अगस्त तक जी-20 सम्मेलन के आयोजन होखे के बा। निगम के ओर से लाल बहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय हवाईअड्डा, ताज होटल, रुद्राक्ष अंतरराष्ट्रीय सहयोग एवं सम्मेलन केंद्र, बीएचयू, नमो घाट, काशी विश्वनाथ धाम, पंडित दीनदयाल उपाध्याय हस्तकला संकुल, सारनाथ समेत अन्य स्थल अउर मार्ग पर डेकोरेटिव लाइट, हार्टिकल्चर, स्कल्पचर, प्रोजेक्शन वॉल, बैकलिट स्टैंडी, गंगा घाट पर फसाड लाइटिंग, चौराहन के सुंदरीकरण आदि के काम होखे के बा। वीडीए उपाध्यक्ष अभिषेक गोयल बतवलें कि एह रास्ता पर थिमैटिक वॉल आर्ट के काम करावल जाई।

मंडलायुक्त वीडीए के थिमैटिक वॉल आर्ट के कार्य में विश्वविद्यालय के लइकन के प्रतिभाग करावे अउर व्यापारियन से समन्वय स्थापित कर कलर कोडिंग के आधार पs थिमैटिक वॉल आर्ट के काम करवावे के जिम्मेदारी दीहलें।

लोक निर्माण विभाग बतवलस कि एह रास्ता पर एंड-टू-एंड इंटरलॉकिंग, रेलिंग, थर्मोप्लास्ट मार्किंग, रंबल स्ट्रिप अउर डिवाइडरन के मरम्मत अउर पेंटिंग साथही चौकाघाट पुल-पड़ाव-नमो घाट मार्ग के सुंदरीकरण होई। मंडलायुक्त एह राह पर रेलिंग लगवावे के कहनें। बैठक में जिलाधिकारी एस राजलिंगम, अपर नगर आयुक्त राजीव राय सहित अन्य अधिकारी मौजूद रहनें।

पर्यटन विभाग के प्रवेश द्वार बनवले के जिम्मेदारी

मंडलायुक्त पर्यटन विभाग के शहर के प्रवेश मार्ग पs भव्य द्वार बनवावे के जिम्मेदारी दिहलें। ऊ कहनें, शहर में लागे वाले साइनेज समरूप आकार अउर फांट के संगे होखे। श्री काशी विश्वनाथ मंदिर, सारनाथ, परिक्रमा समेत शहर के कई भाषा के टूरिस्ट गाइड के व्यवस्था कइल जाव। टूरिस्ट गाइड खातिर प्रमाणित तथ्य अउर ट्रेनिंग सामग्री आदि दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]