Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अरुणाचल प्रदेश पहुंचे राजनाथ सिंह के चीन के कड़ा संदेश, बोललें- कवनो स्थिति खातिर तइयार भारत

233

तवांग में भारत आ चीन के सैनिकन के झड़प के बाद रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह पहिला बेर अरुणाचल प्रदेश पहुंचलें। सियांग में राजनाथ सिंह चीन के कड़ा सनेस देलें। राजनाथ कहलें कि भारत कवनो स्थिति के सामना करे खातिर तइयार बा।

बता दीं कि राजनाथ सिंह सियांग जिला में सियोम पुल के उद्घाटन करे पहुंचल रहस। ऊ सीमा सड़क संगठन (बीआरओ) के 27 परियोजनन के वर्चुअल उद्घाटनो कइलें। एह दौरान राजनाथ कहलें कि राष्ट्रन के बदलत प्राथमिकतन आ हितन के एह युग में कवनो राष्ट्र खातिर खुद के सशक्त बना के राखल जरूरी बा। भारत हमेशा युद्ध के खिलाफ रहल बा। हमनी के सशस्त्र बल कवनो तरे के स्थिति के सामना करे खातिर हमेशा तइयार बा।

सेना के संगे चल रहल बा बीआरओ

राजनाथ सिंह आगे कहलें कि बीआरओ हमनी के सेना के संगे चल रहल बा। हम BRO आ ‘Bro’ माने भाई के इस्तेमाल पs कंफ्यूज होत रहनी, बाकिर उ जवन काम कर रहल बा, ओकरा के देखला के बाद ऊ वास्तव में हमनी सशस्त्र बलन आ लोगन के भाई बा।

राजनाथ सिंह आगे कहलें कि आज बीआरओ द्वारा देस के सीमावर्ती इलाकन में बनल 28 मूलढ़ांचा परियोजनन के राष्ट्र के समर्पित करत हमरा बड़ खुसी आ गौरव के अनुभव हो रहल बा। संगही BRO@2047 विजन दस्तावेज जारी कइलो हमरा खातिर खुसी के बात बा।

 

# | Arunachal Pradesh | Our govt under the leadership of PM Modi is working on developing better & smooth commuting facilities for the people in the country, especially in North-East areas. These roads are significant from the strategic point of view too: Defence Minister pic.twitter.com/1jAuPDZLUd

 

 

बीआरओ के काम सराहनीय बा

रक्षा मंत्री आगे कहलें कि हाल में बीआरओ जवना भावना आ गति के संगे विकास कामन के अंजाम देले बा उ सराहनीय बा। जादे से जादे सीमावर्ती क्षेत्रन के जोड़ला के योजना सरकार के प्राथमिकता में बा, ताकि उहां रहे वाला लोगन के विकास के संगे-संगे, ओह लोगन में व्यवस्था खातिर विश्वास के भावना विकसित हो सके।

429890cookie-checkअरुणाचल प्रदेश पहुंचे राजनाथ सिंह के चीन के कड़ा संदेश, बोललें- कवनो स्थिति खातिर तइयार भारत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.