[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बोधगया में 11 बिदेसी कोरोना पॉजिटिव मिलले; अब दलाई लामा से मिले से पहिले करावे के होई कोराेना टेस्ट। गया से समूचा बिहार में हो सकेला कोरोना विस्फोट।
  2. बिहार: फ्लिपकार्ट मैनेजर के चारो तरफ से पिस्टल लेके घेरल गइल; मोतिहारी में 4 मिनट में 6 लाख लूटल गइल, अपराधी बोलले सs जेतना पईसा बा निकालs।
  3. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव बोललें- सरकारी एजेंसियन पs बा भाजपा के कब्जा, झांसी जेल में बंद पूर्व विधायक दीपनारायण सिंह यादव से कइलें मुलाकात।
  4. उत्तर प्रदेश: श्रीकाशी विश्वनाथ मंदिर पहुंचलें अभिनेता गोविंदा, पत्नी सुनीता संगे बाबा के दरबार में टेकले मत्था। विधि -विधान से बाबा विश्वनाथ के दर्शन आ पूजन कइलें।
  5. झारखंड: 29 दिसंबर के 50 मॉडल स्कूलन के सौगात दिहें झारखंड के सीएम हेमंत सोरेन। 29 दिसंबर के पूरा हो रहल बा गठबंधन सरकार के तीन साल।
  6. देस में कोरोना के खतरा: म्यांमार आ बैंकाक के 15 नागरिक पॉजिटिव मिलले लोग; एमे 11 गया आ 4 दिल्ली एयरपोर्ट पs उतरल रहे लोग। दलाई लामा के कार्यक्रम में सामिल होखे आइल बा लोग।
  7. शीजान बोलल- श्रद्धा के मर्डर के बाद हमनी के रिश्ता टूटल: तुनिषा के मां कहली – ऊ हमरा बेटी के यूज कइलस; लव जिहाद एंगल के जांच।
  8. मदर डेयरी बढ़वलस दूध के दाम: 2 रुपिया प्रति लीटर इजाफा करे के फैसला, फुल क्रीम अब 66 रुपिया में मिली।
  9. जापान में भारी बर्फबारी, 17 के मौत: छत से बर्फ हटा रहल 73 साल के बुजुर्ग के नीचे गिरला से मौत, 20 किमी लमहर जाम लागल।
  10. बाबर आजम के शतक, रिकी पोंटिंग के एक कैलेंडर इयर में बतौर कप्तान सबसे जादे 50+ स्कोर बनावे के रिकॉर्ड तुरलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]