[the_ad_group id="30365"]

दलाई लामा से मिले से पहिले करावे के होई कोविड टेस्ट: गया DM बोललें, 27 लोगन के जांच में 5 पॉजिटिव मिलल रहे, एगो के रिपोर्ट आइल निगेटिव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गया एयरपोर्ट पs बिदेस से आवे वाला श्रद्धालुअन के बीतल 23 दिसंबर के रैंडम जांच में 5 लोग कोरोना पॉजिटिव पावल गइल बा। एह बात के पुष्टि खुद डीएम डॉ त्यागराजन कइलें। उनका मोताबिक 23 दिसंबर के भइल जांच में एगो आदमी कोरोना पॉजिटिव पावल गइल रहे। एकर कांट्रैक्ट ट्रैसिंग करावल गइल तs 27 लोग सामने आइल। ओह 27 में से दु लोग काेरोना पॉजिटिव मिलल। एकरा अलावे दु गो आउर लोग कोरोना पॉजिटिव मिलल बा। कुल मिला के पांच लोग कोरोना पॉजिटिव पाइल गइल रहे। बाकिर ओह 5 में से एगो दिल्ली वापस लवट गइल आ एगो के जब दोबारा जांच करावल गइल तs ओकर रिपोर्ट निगेटिव आइल। बाकी सभे स्वस्थ आ आइसलेट बा।

दलाई लामा से मिले से पहिले सैंपल जांच करावे के आदेस 

डीएम आदेस देलें कि दलाई लामा ट्रस्ट के आयोजकन के निरदेस दिहल गइल कि दलाई लामा से मिले से पहिले लोग सैंपल जांच करावे। जिला पदाधिकारी कहलें कि महापावन के कार्यक्रम में भाग लेवे वाला सब श्रद्धालु आ सब आम जनता से अपील बा कि मास्क पहिने आ कोविड प्रोटोकॉल के पूरा तरे पालन करे। कवनो प्रकार के पैनिक होखला के कवनो जरूरत नइखे।

27 लोगन के भइल जांच 

डीएम बतवलें कि गया हवाई अड्डा में आवे वाला सब अंतरराष्ट्रीय आ डोमेस्टिक फ्लाइट के पैसेंजरन के रैंडम जांच कइल जा रहल बा। एकरा तहत 23 दिसंबर के 01 आदमी जवन बैंकॉक से आइल रहे, ऊ कोरोना पॉजिटिव मिलल बा तs ओकर समूह के 27 लोगन के कांटेक्ट ट्रेसिंग के तहत जांच करावल गइल रहे। ओमे से दु आदमी पॉजिटिव मिलल।

म्यांमार से आवे वाला एगो शख्स दिल्ली गइल 

एकरा अलावा म्यांमार से आवे वाला व्यक्तियन में से 02 पॉजिटिव मिलल बा लोग। एह लोगन में से 01 आदमी के दुबारा जांच कइल गइल तs ऊ नेगेटिव पावल गइल आ एगो आदमी दिल्ली चल गइल। बाकी लोगन के आइसोलेशन में रखल गइल बा। सब लोग स्वस्थ बा। सब लोगन में कवनो प्रकार के लक्षण नइखे पावल गइल रहे। ऊ बतवलें कि 25 दिसंबर के रैंडम 96 लोगन के जांच कइल गइल, जेमे कवनो पॉजिटिव ना मिलल। जिला प्रशासन द्वारा तिब्बतन मॉनेस्ट्री के सामने RTPCR जांच काउंटर स्थापित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]