[the_ad_group id="30365"]

कोरोना के नयका लहर के खतरा के बीच चउथा टीका के दरकार, आईएमए बतवलस डबल बूस्टर डोज के जरूरत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन, जापान, दक्षिण कोरिया अउर थाईलैंड समेत कई देशन में कोरोना के ले के नयका सिरे से मचल हड़कंप के बीच भारत में भी नया लहर के आशंका बा। केंद्र सरकार एके रोके खातिर कमर कस चुकल बिया। लगातार बैठक के दौर जारी बा। एगो रिपोर्ट के मुताबिक, सोमार के केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया के संगे बैठक में आईएमए कोरोना टीका के एक अउर अतिरिक्त डोज यानी चउथा खुराक के जरूरत बतवलें। जौने देश में अभीन कोरोना से हाहाकार मचल बा, उहां टीका आ बूस्टर खुराक के बावजूद ई स्थिति बनल बा।

रिपोर्ट के मुताबिक, केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मंडाविया सोमार के इंडियन मेडिकल एसोसिएशन (IMA) अउर अन्य शीर्ष चिकित्सकन के संगे बातचीत कइलें। एहमें देश में कोरोना के समीक्षा कइल गइल। एहमें चिकित्सक लोग जनता के दूसरा बूस्टर खुराक के इजाजत देवे के निहोरा कइल। बता देईं, देशवासियन के कोरोना टीका के दू खुराक अनिवार्य रूप से दीहल गइल बा। तीसरा अतिरिक्त चाहे बूस्टर खुराक देवे के कामो जारी बा। चीन अउर अन्य देशन में हालात बेकाबू होत देख के चौथा खुराक चाहे दूसर बूस्टर खुराक पs विचार चल रहल बा।

स्वास्थ्य मंत्री आईएमए के संगे ई बैठक वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के जरिए कइलें। एहमें देश में कोरोना के नयका लहर के आशंका के देखत शीर्ष चिकित्साविदन के संगे परामर्श कइल गइल। जानकारन के कहनाम बा कि चीन में बड़ संख्या में लोग बूस्टर खुराक ले चुकल बानें, एकरे बादो ऊ ओमिक्रॉन के बीएफ.7 वैरिएंट के चपेट में आ गइलें। सरकार देशभर में कोविड मामला, सांस रोगियन अउर एंफ्लूएंजा मरीजन पर नजर रखें के निर्देश दिहले बानें। आजु देश के अनेक राज्यन के अस्पताल में मॉक ड्रिल भी हो रहल बा, ताकि कौनहूँ स्थिति से निपटल जा सके।

‘सूचना के महामारी’ से बचाव खातिर करे के होई उपाय

बैठक से जुड़ल जानकार सूत्र बतवलें कि बैठक में कहल गइल कि विदेशन में संक्रमण के सही जानकारी मुहैया करावल जाए के चाहीं, ताकि ओके देख के देश में खतरा के आकलन कइल जा सके। आशंका के दूर करे अउर सूचना के महामारी (इंफोडेमिक infodemic) रोके खातिर प्रामाणिक जानकारी जरूरी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]