[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: भाजपा सांसद के पत्नी MBA पास चचेरी बहू से हरली; जेडीयू एमएलसी के पत्नी- बहू तीसरा नंबर पs, मंत्री के मां के किसान हरवले। अपनन के जितावे में फेल रहल माननीय लोग, सांसद अजय निषाद मंत्री सुरेंद्र राम आ जेडीयू एमएलसी के लागल बरियार झटका।
  2. बिहार: मौसेरी ननद से अवैध संबध के विरोध कइला पs हैवानियत; गोपालगंज में पति पत्नी के गरम सलाखन से दगलस, हालत गंभीर। 4 साल से चलत रहे अवैध संबंध। दु लईकन के बाप बा आरोपी।
  3. उत्तर प्रदेश: निकाय चुनाव के तइयारियन में जुटली मायावती, बसपा संगठन में बड़ बदलाव, विश्वनाथ पाल यूपी के नया अध्यक्ष। वर्तमान अध्यक्ष भीम राजभर के बिहार प्रदेश के कोऑर्डिनेटर बनावल गइल।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में रिसर्च के छात्रन के हर महीना मिली 40 हजार रुपिया, सीएम फेलोशिप योजना के तहत करी अप्लाई। एकरा खातिर ग्रेजुएशन में 60% होखल जरुरी।
  5. झारखंड: झारखंड में लालच देके आदिवासियन के करावल जा रहल बा ‘धर्मांतरण’ गरमाइल संसद के माहौल। भाजपा के संजय सेठ संसद में उठवले ममिला।
  6. ठग सुकेश चंद्रशेखर बोलल- Àap के 60 करोड़ देनी: जैकलीन के संगे पहिला बेर कोर्ट में पेश भइल, पत्नी के 26 कार जब्त भइल। 200 करोड़ रुपिया के ठगी केस में सुकेश चंद्रशेखर के संगे आरोपी बाड़ी जैकलीन फर्नांडीज।
  7. स्मृति ईरानी बोलली- नया स्क्रिप्ट राइटर रख लेस राहुल सोनिया: कहली – महिला लोगन पs कॉमेंट कइल हमनी के संस्कार ना हs। ऊ अइसन लोगन के शह देला।
  8. कलवरी क्लास पनडुब्बी ‘वागीर’ इंडियन नेवी के सउपल गइल: प्रॉजेक्ट-75 के पांचवां पनडुब्बी, कुल 6 गो बनावल जाये के बा। ई बढ़ाई नेवी के ताकत।
  9. झूठ हलफनामा केस में फंसलें इमरान खान: हाईकोर्ट पूछलस- टेरेन व्हाइट बेटी हई कि ना, 19 जनवरी तक तफ्सील से जवाब देस, दोषी साबित भइले तs चुनाव ना लड़ पइहें खान।
  10. रोहित के बाद सैनी दुसरका टेस्ट से बाहर: बांग्लादेश के खिलाफ मैच 22 से। प्लेइंग इलेवन लगभय तय बा; फीफा के टीम में रोनाल्डो-नेमार ना, मेसी -एम्बाप्पे: अर्जेंटीना के दु, हारे वाली टीम फ्रांस के 4 खिलाड़ी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]