[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: जिला अस्पताल में शुरू भइल घुटना प्रत्यारोपण, 62 बरिस के महिला के भइल सफल ऑपरेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

घुटना के दर्द से पीड़ित मरीजन के राहत भरल खबर बा। जिला अस्पताल में घुटना प्रत्यारोपण के शुरुआत भइल बा। जिला अस्पताल के डॉक्टर के सनीचर के महिला के दाहिना घुटना के सफल प्रत्यारोण कइल गइल बा। ऊ हर तरह से स्वस्थ बाड़ी।

जानकारी के मुताबिक, तिवारीपुर थाना क्षेत्र के सूरजकुंड के रहे वाली नरगिस बानो (62) काफी समय से घुटना के दर्द से पीड़ित रहनें। हर जगह पर इलाज करवली, लेकिन दर्द से निजात नाइ मिलल। एही बीच ऊ जिला अस्पताल में आर्थो सर्जन अउर अस्पताल अधीक्षक डॉ. अंबुज श्रीवास्तव के दिखवलें।

डॉ. अंबुज जांच के बाद इलाज शुरू कइलें। साथही प्रत्यारोपण के सलाह दिहलें मरीज घबरा गइलें अउर रुपया न होखले के बात बतवलें डॉ. अंबुज प्रत्यारोपण खातिर कौनो तरह के पइसा न लेवे के बात कहलें। एकरे बाद मरीज प्रत्यारोपण करावे के फैसला लिहली।

डॉ. अंबुज श्रीवास्तव के निर्देशन में आर्थो सर्जन डॉ. राजन शाही, डॉ. आरपी गौतम, डॉ. आनंद कुमार सिंह के टीम मरीज के दाहिना पैर के घुटना के सफल प्रत्यारोपण कइलें।

जिला अस्पताल के एसआईसी डॉ. राजेंद्र कुमार ठाकुर बतवलें कि पहिला बेर जिला अस्पताल में सफल घुटना प्रत्यारोपण कइल गइल बा। अब अस्पताल के आर्थो ओटी में अन्य मरीजन के भी घुटना प्रत्यारोपण शुरू कइल जाई। एहसे मरीजन के निजी अस्पताल में नाइ जाए के पड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]