[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: पटना जंक्शन पs बम के सूचना, पुलिस बतवलस अफवाह; सुरक्षा के लेके पड़ताल में जुटल पुलिस। अज्ञात शख्स देले रहे बम मिले के सूचना।
  2. बिहार: कोचिंग टीचर के संगे भाग के बियाह, वीडियो में बोलल: हम भगा के ले अइनी, ससुराल वालन के खरोंच आइल तs मम्मी-पापा के सुप्रीम कोर्ट तक लड़ाएम।
  3. उत्तर प्रदेश: इलाहाबाद यूनिवर्सिटी में गार्डन द्वारा छात्रन पs चलावल गइल गोली, फीस बढ़न्ती के करत रहे लोग विरोध। बवाल में छात्र नेता के माथा फटला के सूचना।
  4. उत्तर प्रदेश: पठान फिल्म विवाद में सीएम योगी के फोटो से छेड़छाड़, आईटी एक्ट के धारा में FIR दर्ज। दीपिका पादुकोण के जगह पs सीएम योगी के तस्वीर लगा के कइल गइल बा वायरल।
  5. झारखंड: झारखंड में आदिवासी महिला के 25 टुकड़ा कइला के घटना पs विधानसभा में उबाल: हेमंत सोरेन बोललें- का अइसन दिल्ली यूपी में नइखे हो रहल? अइसन घटना कहां ना होला, लाश पs राजनीति कइल ठीक नइखे।
  6. अरुणाचल में फ्रंटियर हाइवे बनी: चीन-तिब्बत बॉर्डर के निचिका से गुजरी, आर्मी मुवमेंट में होई आसानी; तवांग झड़प के बाद प्रोजेक्ट में तेजी। तिब्बत आ चीन सीमा के लगे करीबी पॉइंट्स से गुजरी, लागत 27 हजार करोड़ रुपिया।
  7. कर्नाटक विधानसभा में सावरकर के तस्वीर पs बवाल: कांग्रेस सदन से वॉकआउट कइलस, भाजपा पूछलस- का दाउद के तस्वीर लगाई? कांग्रेस बोलल- विधानसभा अध्यक्ष एकतरफा फैसला लेलें।
  8. दलाई लामा के बड़ बयान- चीन लवटे के सवाले नइखे: कहलें- हमरा भारत पसंद बा, तवांग मठ के संत बोललें- चीन धेयान राखे ई 1962 ना, 2022 हs।
  9. दुसरको टेस्ट ना खेलिहें भारत के कप्तान रोहित शर्मा: बांग्लादेश के खिलाफ दूसरका वनडे में कैच लेत घरी चोटिल भइल रहस। 2 दिन पहिले भारतीय कप्तान के फीट होखे के खबर भइल रहे वायरल।
  10. विश्व कप जीत के बाद मेसी के खास बयान: कहलें- हम रिटायर नइखी हो रहल। वर्ल्ड कप जीत के बाद कहलें- चाहत बानी चैंपियन के तरे अर्जेंटीना के तरफ से खेलत रही।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]