[the_ad_group id="30365"]

यायावरी वाया भोजपुरी द्वारा शहादत दिवस पs अमर बलिदानी राम प्रसाद बिस्मिल, अशफ़ाक उल्लाह खां आउर ठाकुर रौशन सिंह के इयाद में भइल पौधारोपण 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: आज 19 दिसंबर दिन सोमार के यायावरी वाया भोजपुरी द्वारा कार्यालय परिसर में शहादत दिवस के अवसर पs अमर बलिदानी राम प्रसाद बिस्मिल, अशफ़ाक उल्लाह खां आउर ठाकुर रौशन सिंह के इयाद कइल गइल। एह दौरान आजादी के लड़ाई में तीनों अमर शहीदन के जोगदान पs विस्तार से अंजोर डालल गइल।

एह दौरान एह बात पर चरचा भइल की आज जवना खुला वातावरण में हमनी के आजादी से सांस ले रहल बानी सs ओकरा खातिर ना जाने केतना लोगन के आपन बलिदान देवे के पड़ल रहे। ओह अमर बलिदानी लोगन में जेह लोगन के नाव सबसे आगे आवेला ओह में राम प्रसाद बिस्मिल, अशफ़ाक उल्लाह खां आ ठाकुर रौशन सिंह के नाम सामिल बा। काकोरी ट्रेन डकैती जवन अंग्रेजन खातिर एगो ओह समय के बड़हन आघात रहे, ओकर अगुआ इहे लोग रहे। क्रांति के ज्वाला जरावे वाला एह क्रांतिकारी लोगन के संघर्ष के बारे में जनला के संगे आजादी के महत्व के बुझे के अनघा जरूरत बा।

बता दीं कि यायावरी वाया भोजपुरी एगो स्टोरी टेलिंग ऐप हs आ एह पर दुनिया भर के श्रेष्ठ रचनाकार लोगन के कहानियन के  अनुदित कs के कहानी सुनावल जाला।

पौधारोपण के संगे कइल गइल नमन

एह अवसर पर तीनों अमर बलिदानी राम प्रसाद बिस्मिल, अशफ़ाक उल्लाह खां आ ठाकुर रौशन सिंह के इयाद में पौधारोपण आ नमन कइल गइल। पौधारोपण के दौरान यायावरी वाया भोजपुरी के परियोजना अधिकारी श्री गौरव मणि त्रिपाठी, संस्था के सदस्य सुधीर कुमार मिश्र, अनुराग रंजन, मिनी उपाध्याय, कवि कुमार आशु, कवि सत्यम पांडेय आ कवि उत्सव त्रिपाठी ‘विषाद’ सहित आउर लोग मवजुद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]