[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: छपरा में जहरीली शराब से हाहाकार, 21 के मौत; उल्टी-दस्त के बाद गइल आंखन के रोशनी; इलाज के दौरान मौत। छपरा के मसरख आ इसुआपुर में मौतन से मचल बा हाहाकार।
  2. बिहार: बिहार में शराब से 21 मौत, सवाल पर भड़कलें नीतीश; विधानसभा में बीजेपी विधायकन से बोललें- ई का हो गइल, चुप हो जा… नीतीश के मंत्री बोललें- जहरीली शराब से पहिलहूं मरत रहल बा लोग। गिरिराज बोललें- बिहार में शराब भगवान के तरह हो गइल बा।
  3. उत्तर प्रदेश: निकाय चुनाव; आजम के “गढ़” फतह कइला के बाद, अब “मुस्लिम” प्रत्याशी पs दांव लगाई भाजपा। कइयन गो मुस्लिम नेता लोगन के नाम के बा चरचा।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखनाथ मंदिर में सजे लागल परंपरागत खिचड़ी मेला, झूला के मिले लागल स्वरूप, न्यू ईयर के पहिलके दिन से दिखी रौनक। पुरान दुकानदारन के दिहल जा रहल बा प्राथमिकता।
  5. झारखंड: आठ करोड़ के धोखाधड़ी ममिला में शेयर कारोबारी अनूप अग्रवाल गिरफ्तार, पुलिस के अब ओकरा साथी के तलाश।
  6. पायलट बोललें- चीन के मुंहतोड़ जवाब दिहल जाव: हमनी के सरकार के संगे बानी सs, भारत जोड़ो यात्रा से जुड़लें पूर्व RBI गवर्नर एम रघुराजन।
  7. चीनी हैकर्स कइले रहलें सs AIIMS के सर्वर पs अटैक: 5 सर्वर के डेटा रिकवर, OPD के ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन सुरू। 23 नवंबर के भइल रहे हैकिंग।
  8. बंगाल हिंसा के आरोपी के खुदकुशी, CBI अफसर पs FIR: CBI के टेम्परेरी कैंप में कस्टडी में रहे; परिवार लगवलस टॉर्चर के आरोप। तृणमूल नेता के मर्डर के बाद भइल रहे हिंसा, लईकन-महिला लोगन के जिंदा जरावल गइल रहे।
  9. दिवालिया होखला के कगार पs PAK: पूर्व फाइनेंस मिनिस्टर बोललें -IMF किश्त देवे के तइयार नइखे, इमरान इकोनॉमी के तबाह कs देलें। खाली IMF बचा सकेला डिफॉल्ट से।
  10. श्रेयस अय्यर शतक के करीब: भारत पहिला दिन 278/6 के स्कोर बनवलस, पुजारा 90 रन बनाके आउट भइलें। पहिला सेशन में रहल बांग्लादेशी गेंदबाजन के जलवा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]