Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Elon Musk: छिन गइल दुनिया के सबसे अमीर के ताज, एलन मस्क के ट्विटर से लागल तगड़ा झटका, बर्नार्ड अरनॉल्ट शीर्ष पs 

410

टेस्ला, स्पेसएक्स आ ट्विटर के मालिक एलन मस्क दुनिया के सबसे रईस होखला के खिताब खो देले बाड़ें। ब्लूमबर्ग बिलियनेयर्स इंडेक्स के अनुसार बर्नार्ड अरनॉल्ट उनकर जगह ले लेले बाड़ें। ऊ अब दुनिया के सबसे धन बन गइल बा। ट्विटर के अधिग्रहण के बाद मस्क के बड़ झटका लागल बा।

अरनॉल्ट फैशन के दिग्गज कंपनी LVMH के प्रमुख बाड़ें। 51 साल के एलन मस्क के संपत्ति में एह साल अब तक करीब 100 अरब डॉलर के गिरावट आ चुकल बा। उनकर कुल संपत्ति 168.5 अरब डॉलर के रह गइल बा, जबकि 73 वर्षीय अरनॉल्ट के संपत्ति के मूल्य सोमार के सबेर 172.9 अरब डॉलर रहे।  अरनॉल्ट के संपत्ति में 48 फीसदी जोगदान एलवीएमएच के हs। फोर्ब्स के अनुसार लगभग 70 फैशन आ ब्यूटी ब्रांड्स के समूह के मालिक बा।

टेस्ला के शेयर मूल्य में 50 फीसदी तक गिरावट

एलन मस्क आर्थिक दृष्टि से ई साल खराब रहल बा। उनकर संपत्ति के मूल्य में भारी गिरावट आइल बाड़े। हाले में उनकर 44 अरब डॉलर विश्व के अग्रणी माइक्रो ब्लॉगिंग साइट ट्विटर के अधिग्रहण कइल गइल बा। एकरा बाद उनकर कंपनियन के शेयर मूल्यन में गिरावट से उनका आर्थिक झटका लागल बा। उनकर प्रमुख कंपनी टेस्ला के शेयर में एह साल 50 फीसदी के गिरावट आ चुकल बा।

मस्क ट्विटर के अधिग्रहण से पीछे हटलो के कोसिस कइलें, बाकिर कोर्ट के पचड़ा के कारण उनका एकरा किनही के पड़ल। ट्विटर के अधिग्रहण खातिर उनका के टेस्ला के 15 अरब डॉलर से जादे के शेयर बेचे पड़ल। जब मस्क अक्टूबर में ट्विटर के अधिग्रहण के अंतिम रूप देलें तs ब्लूमबर्ग वेल्थ इंडेक्स उनका संपत्ति मूल्य में 10 अरब डॉलर के गिरावट कs देलस। ट्विटर के अधिग्रहण के बाद से मस्क ओमे व्यापक बदलाव कर रहल बाड़ें। छंटनी आ नीतिगत बदलाव जइसन डेगन के उठावल गइल बा, बाकिर एकरा संगही विवादो उठत रहेला।

फैशन, वाइन आ रिटेल में अग्रणी बा एलवीएमएच

ओहिज, मस्क से दुनिया के सबसे रईस होखला के खिताब लेवे वाला बर्नार्ड अरनॉल्ट के अग्रणी कंपनी फ्रांस के एलवीएमएच (LVMH Moet Hennessy Louis Vuitton) फैशन, वाइन आ रिटेल क्षेत्र में फेर आइल उछाल से मुनाफा कमा रहल बिया। कंपनी के क्रिश्चियन डायर, फेंडी, जौहरी बुल्गारी आ टिफनी एंड कंपनी के अलावे शैंपेन हाउस जइसन ब्रांड ओकरा दौलत में लगातार इजाफा कर रहल बा।

फोर्ब्स के रईसन के सूची में दु भारतीय, अडाणी तीसरा नंबर पर

फोर्ब्स के रीयल-टाइम अरबपतियन के सूची में दु गो भारतीय सामिल बा लोग।। विश्व के 10 शीर्ष रईसन में उद्योगपति गौतम अदाणी तीसरा नंबर पर बाड़े एशिया के सबसे अमीर गौतम अदाणी के कुल संपत्ति 134 अरब डॉलर बा। ओहिजा, मुकेश अंबानी आठवां स्थान पर बा। उनकर संपत्ति 92.5 अरब डॉलर बा।

409450cookie-checkElon Musk: छिन गइल दुनिया के सबसे अमीर के ताज, एलन मस्क के ट्विटर से लागल तगड़ा झटका, बर्नार्ड अरनॉल्ट शीर्ष पs 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.