[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: कटिहार में गैंगावर के खबर; मोहना ठाकुर आ सुनील यादव गिरोह में कइयन राउंड के फायरिंग, मवका पs 3 थानन के पुलिस। फायरिंग के बाद पुलिस नाव से इलाका में पहुंचल, घायलन आ शवन के तलाश जारी बा।
  2. बिहार: कुढ़नी में नीतीश के सभा में हंगामा…. कुर्सियो चलल; CTET कैंडिडेट करत रहे लो प्रदर्शन, CM बोललें- सरकार सबकर कल्याण करी। सभा में नीतीश महागठबंधन प्रत्याशी मनोज कुशवाहा के जितावे के अपील कइलें।
  3. उत्तर प्रदेश: पटरी से उछलल सब्बल जंगला तुड़ के गर्दन में घुसल; 110 किमी के रफ्तार से दउरत रहे ट्रेन, पैसेंजर के मवके पs भइल मौत। अलीगढ़ में बीच सफर नीलांचल एक्सप्रेस के यात्री संगे भइल ई दर्दनाक हादसा।
  4. उत्तर प्रदेश: मुरादाबाद में सीएम योगी आदित्यनाथ बोललें – यूपी बनी देस के सबसे बड़ अर्थव्यवस्था। यूपी के नंबर 1 बनावे के लेलें संकल्प, सभका से मंगले एकरा खातिर सहजोग।
  5. झारखंड: झारखंड के सीएम हेमंत सोरेन PM नरेंद्र मोदी के चिट्ठी लिखलें, झारखंड में 32 तरे के जनजाती निवास करेला, सभकर प्रकृति के संगे समरसतापूर्वक जिनगी। ओह लोग के सहमति के बिना गाछ-बिरीछ के काटल ओह लोग के भावना पs कुठाराघाट कइला जइसन होई।
  6. मोदी के रावण जइसन बतवला पs कांग्रेसे में विरोध: अहमद पटेल के बेटी खड़गे के देली सलाह – सोच- समझके बोलीं। हमार सलाह हर पार्टी खातिर: मुमताज।
  7. नड्डा के टीम में पंजाब के तीन दिग्गज नेता: कैप्टन अमरिंदर-सुनील जाखड़ कार्यसमिति में सामिल, जयवीर शेरगिल प्रवक्ता बनावल गइलें। आजे कांग्रेस प्रवक्ता रहल जयवीर शेरगिल भाजपा में भइल रहस सामिल।
  8. छत्तीसगढ़ के बस्तर में खदान धंसल, 5 महिला समेत 6 मजदूरन के मौत, दु गो घायलन में 14 साल के लईकियो। जानकारी के मोताबिक ई खादान मालगांव में जहां खुदाई के दौरान अचके माटी धंस गइल।
  9. न्यूयार्क-सिंगापुर दुनिया में सबसे महंगा: पिछिला 20 साल में सबसे जादे बढ़ल महंगाई, इंटरनेशनल लिस्ट में चेन्नई – बेंगलुरु आ अहमदाबाद सबसे सस्ता।
  10. विश्व कप से पहिले 18 गो वनडे खेली भारत: संगही 50 ओवर के एशिया कप होई, 3-3 वनडे के 6 गो सीरीज खेली भारत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]