[the_ad_group id="30365"]

बेरोजगारी: गांव से जियादा शहर में ‘नौकरी के किल्लत’, रिपोर्ट में दावा- नवंबर में 8% भइल बेरोजगारी दर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में बेरोजगारी दर नवंबर महीना में पिछले तीन महीना के उच्चतम स्तर 8 प्रतिशत पर पहुंच गइल बा। सेंटर फॉर मॉनिटरिंग इंडियन (सीएमआई) के ओर से बियफे के जारी रिपोर्ट में ई बात कहल गइल रहे। रिपोर्ट के अनुसार, शहरी भारत में बेरोजगारी दर ग्रामीण भारत के तुलना में कहीं अधिक बा। शहरी भारत में जहां बेरोजगारी दर 8.96 प्रतिशत रहल, उहवें ग्रामीणा भारत में ई दर 7.55 प्रतिशत रहल। एहसे पहिले अक्तूबर 2022 में शहरी बेरोजगारी दर 7.21 प्रतिशत जबकि ग्रामीण क्षेत्र के बरोजगारी दर 8.04 प्रतिशत रहल रहे।

बेरोजगारी के मामिला में हरियाणा टॉप पर 

राज्यवार बात कइल जाव त हरियाणा बेरोजगारी दर के मामिला में एक बेर फिर अव्वल नंबर पर बा। जहां ई आंकड़ा नवंबर महीना में  30.6 प्रतिशत दर्ज कइल गइल बा। ओकरे बाद सबसे बेसी बेरोजगारी दर राजस्थान में 24.5 प्रतिशत दर्ज कइल गइल। जम्मू-कश्मीर में बेरोजगारी दर 23.9 प्रतिशत रहल। सीएमआईई के रिपोर्ट के अनुसार बिहार में ई 17.3 प्रतिशत जबकि त्रिपुरा में 14.5 प्रतिशत आंकल गइल।

छत्तीसगढ़ समेत एह राज्यन के प्रदर्शन रहल बेहतर 

सबसे कम बेरोजगारी दर के मामिला में छत्तीसगढ़ सबसे आगे रहल। जहां बेरोजगारी दर महज 0.1 प्रतिशत रहल। नवंबर महीना के दौरान उत्तराखंड में बेरोजगारी दर 1.2 प्रतिशत, ओडिसा में 1.6 प्रतिशत, कर्नाटक में 1.8% जबकि मेघालय में 2.1 प्रतिशत रहल। अक्तूबर महीना में बेरोजगारी दर 7.77 प्रतिशत रहल। सीएमआई के आंकड़न के अनुसार उनसे पहिले सितंबर में बेरोजगारी दर 6.43 प्रतिशत रहल।

साल 2022 में हर महीना बेरोजगारी दर में जारी रहल उतार-चढ़ाव

मुंबई स्थित सीएमआईई के आंकड़न पर कथित तौर पर अर्थशास्त्रियन अउर नीति निर्माता बारीकी से नजर बना के रखेने। काहेसेकि सरकार के ओर से अर्थव्यवस्था से जुड़ल मासिक आंकड़ा जारी नाइ कइल जाला। वैश्विक मंदी के आशंका अउर महंगाई के बीच साल 2022 में देश के बेरोजगारी दर निम्न रूप से दर्ज कइल गइल-
  • जनवरी     –    6.56%
  • फरवरी     –    8.11%
  • मार्च         –    7.57%
  • अप्रैल        –    7.83%
  • मई         –    7.14%
  • जून        –    7.83%
  • जुलाई         –    6.83%
  • अगस्त     –    8.28%
  • सितंबर     –    6.43%
  • अक्टूबर    –    7.77%
  • नवंबर     –    8.0%

नवंबर महीना में राज्यवार बेरोजगारी दर के आंकड़ा

        राज्य               बेरोजगारी दर (%)

  • आंध्र प्रदेश               9.1
  • असम                   14.0
  • बिहार                   17.3
  • छत्तीसगढ               0.1
  • दिल्ली                   12.7
  • गोवा                     13.6
  • गुजरात                  2.5
  • हरियाणा                30.6
  • हिमाचल प्रदेश        8.1
  • जम्मू और कश्मीर    23.9
  • झारखंड                14.3
  • कर्नाटक                1.8
  • केरल                    5.9
  • मध्य प्रदेश             6.2
  • महाराष्ट्र                3.5
  • मेघालय                2.1
  • ओडिशा              1.6
  • पुदुचेरी                2.9
  • पंजाब                  7.8
  • राजस्थान             24.5
  • तमिलनाडु            3.8
  • तेलंगाना               6.0
  • त्रिपुरा                 14.5
  • उत्तर प्रदेश          4.1
  • उत्तराखंड            1.2
  • पश्चिम बंगाल         5.4
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]