Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कच्छ के रण आ खजुराहो में होई G-20 बैठक, फरवरी में आयोजन खातिर भारत बनवलस योजना

726

भारत के अध्यक्षता में साल के पहिला जी20 के बैठक खातिर भारत तइयार बा आ अपना अंतरराष्ट्रीय प्रतिनिधियन के अगिला साल फरवरी में होखे वाला एह बैठक खातिर गुजरात में कच्छ के रण आ मध्य प्रदेश के खजुराहो ले जाई।

पहिला पर्यटन कार्य समूह के बैठक के आयोजन कच्छ के रन में 8-10 फरवरी के आ पहिला सांस्कृतिक कार्य समूह के बैठक 23-25 फरवरी के खजुराहों में आयोजित कइल जाई। जी20 के भारत के साल भर चले वाला अध्यक्षता में 4-7 दिसंबर के उदयपुर में पहिला शेरपा बैठक कइल जाई।

फरवरी तक चले वाला अउरियो बैठकन के लेके फसीला लिहल जा चुकल बा जवन मुंबई, बेंगलुरु, कोलकाता, पुणे, तिरुवनंतपुरम, चंडीगढ़, जोधपुर, चेन्नई, इंदौर आ लखनऊ में आयोजित होई। एह बैठकन में से दु के आयोजन वर्चुअल माध्यम से कइल जाई। साल भर के एह अध्यक्षता खातिर G20 सचिवालय कइयन गो वर्टिकल्स तइयार कइले बा, जइसे जी 20 ऑपरेशंस, सुरक्षा, ब्रांडिंग, सामान, मीडिया, आईटी आ एगो वर्टिकल मुख्य समन्वयक के होई जे पूर्व विदेश सचिव हर्षवर्धन श्रृंगला होइहें। अलग-अलग कार्यक्रम खातिर सात कार्यदल बनावल गइल बा।

एक्सपर्ट्स के बीचे होई कइयन गो बैठक

विदेश मंत्री एस जयशंकर बियफे के जी 20 यूनिर्वसिटी कनेक्ट इवेंट में कहले कि एह दौरान 200 बैठक भारत में होई जवन कि मंत्रियन आ अधिकारियन से लेके-अपना क्षेत्र में एक्सपर्ट्स के बीचे होई। सिविल सोसाइटी से लेके युवा लोग के बैठको होई। जयशंकर के मोताबिक एह अध्यक्षता के महत्व देखत G 20 के खाली केंद्रित ना कs के देशभर में एकर आयोजन के तइयारी कइल जाई। अइसन कs के दुनिया के भारत के बेमिसाल विविधता आ समृद्ध विरासत देखे के मिली।

एकरा अलावे, जनभागीदारी माने G 20 ke लोगन तक पहुंचावल मॉडल के तहत भारतीयन से सुझाव मांगल जाई कि कवना तरे एह अध्यक्षता के आउर कार्यमुखी (action oriented) बनावल जाई। G 20 सदस्यन के परामर्श से भारत कहले बा कि ऊ बेहतर दुनिया के खोज में भारत के अध्यक्षता के दौरान G 20ke चर्चन में ओकरा के प्राथमिकता देवे आ चैंपियन बनावे खातिर हर संभव कोसिस करी।

जयशंकर के मानल बा कि G20 के Youth20 Engagement Group के तहत भारत कौशल विकास, भविष्य के रोजगार, बेहतर स्वास्थ्य आ विकास के एजेंडा में नवहन के बराबर भागीदारी पs फोकस करी। जयशंकर कहलें, ‘जनभागीदारी के तहत, हम नवहन के यूनिवर्सिटी में G20 मुद्दन पs चरचा आ कॉलेज में मॉडल यूएन बैठक जइसन कार्यक्रमन के आयोजन के करे खातिर प्रोत्साहित करेम। संगही सांस्कृतिक प्रस्तुतियन द्वारा G20 प्रतिनिधियन के स्वागत कइल जाई।

399260cookie-checkकच्छ के रण आ खजुराहो में होई G-20 बैठक, फरवरी में आयोजन खातिर भारत बनवलस योजना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.