[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: 1500 फीट ऊंच पहाड़ के काट के बना डललें 400 सीढ़ी; जहानाबाद में मंदिर जाये में होत रहे परेसानी, 8 साल लागल। पहाड़ पs बा भगवान योगेश्वर नाथ के मंदिर। जहानाबाद से 30 किमी दूर बा मंदिर। राज मिस्त्री हवे पहाड़ काटे वाला गनौरी पासवान।
  2. बिहार: बाबूजी मान गइलें, बेटा अभियो नाराज; पूर्व मंत्री सुधाकर सिंह शीतकालीन सत्र में ले अइहें मंडी बेवस्था पs प्राइवेट बिल। प्राइवेट बिल के प्रारूप बा तइयार, मंत्री पद से इस्तीफा के बादो सुधाकर के तेवर बा तल्ख। कवनो विधायक लगे होला प्राइवेट बिल ले आवे के अधिकार।
  3. उत्तर प्रदेश: Mainpuri Bypoll; मैनपुरी में सैफई परिवार आ सरकार के इम्तिहान, अबकी बेर मुख्य मुकाबला सपा के डिंपल यादव आ भाजपा के रघुराज सिंह शाक्य भाजपा के बीच। चुनाव प्रचार में दुनो दल झोंकले बा आपन ताकत। सपा के गढ़ हs मैनपुरी।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में आठ पुलिस PPS अफसरन के भइल तबादला, अभिषेक श्रीवास्तव गाजियाबाद ACP बनलें आ श्वेताभ पांडेय प्रयागराज ACP बनलें। सीएम योगी के बा कानून बेवस्था पs खास धेयान।
  5. झारखंड: टोंटो गोइलकेरा सीमा क्षेत्र में नक्सली-सुरक्षा बलन में मुठभेड़, 2 गो कोबरा बटालियन के जवान घायल। झारखंड के पश्चिमी सिंहभूम जिला में बियफे के सबेरे माओवादियन आ सुरक्षा बलन के बीच भीषण मुठभेड़ भइल। टोंटो क्षेत्र के एगो जंगल में सर्च ऑपरेशन चलवला के दौरान माओवादियन के संगठन सुरक्षाकर्मियन पs हमला कs देलस। हमला में दु जवानन के घायल होखला के खबर बा।
  6. आफताब के नार्को टेस्ट खतम: 2 घंटा तक पूछल गइल सवाल। बतवलस श्रद्धा के मोबाइल आ कपड़ा कहां फेंकलस। पॉलीग्राफ टेस्ट के नतीजा रहे- आफताब ह्त्या के बात कबूललस बाकिर ओकरा अफसोस ना।
  7. अहमदाबाद में पीएम मोदी के 32 किमी के रोड शो: नरोड़ा से चांदखेड़ा तक के एह रोड शो में आई 14 विधानसभा सीट। केहु रावण, केहु राक्षस तs केहु हमरा के कॉकरोच कहेला- पीएम।
  8. दु गो महिला प्रधानमंत्री के मुलाकात पs अटपटा सवाल: फिनलैंड के मरीन आ नुजीलैंड के जैसिंडा से पत्रकार के बेतुका सवाल- हमउम्र बानी लो एहिसे मिल रहल बानी लो का?
  9. BCCI क्रिकेट एडवाइजरी कमेटी के नियुक्ति कइलस: एमे अशोक मल्होत्रा, जतिन परांजपे आ सुलक्षणा नाइक सामिल, चयन समिति के करी चुनाव।
  10. स्टीव स्मिथ कइलें ब्रैडमैन के रिकॉर्ड के बराबरी: टेस्ट क्रिकेट में लगवले 29वां शतक। वेस्टइंडीज के खिलाफ पहिला टेस्ट में डबल सेंचुरी। स्मिथ के नावे अब अंतराष्ट्रीय क्रिकेट में 41 शतक। टेस्ट क्रिकेट में बा सचिन तेंदुलकर के सबसे जादे शतक।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]