[the_ad_group id="30365"]

Gujarat Election 2022: गुजरात चुनाव में पहिला फेज के मतदान खतम, 89 सीटन पs 60 फीसदी वोटिंग भइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gujarat Assembly Election 2022: गुजरात विधानसभा चुनाव के पहिला फेज खातिर मतदान खतम हो गइल बा। मतदान करे के समय सांझ के 5 बजे ले रहे। बियफे (1 दिसंबर) के गुजरात विधानसभा के कुल 182 सीटन में से 89 सीटन पs पहिला चरण के तहत वोटिंग भइल । एमे सौराष्ट्र-कच्छ आ दक्षिण हिस्सा के 19 जिला सामिल बा। पहिला चरण में 788 उम्मीदवान के किस्मत के फसीला होखे के बा।

निर्वाचन आयोग कहलस कि पहिला फेज में करीब 60.20 फीसदी वोटिंग दर्ज कइल गइल बा। नर्मदा में सबसे जादे 73.02 फीसदी आ पोरबंदर में सबसे कम 53.84 फीसदी मतदान भइल बा। कुछ छिटपुट घटनन आ इलेक्ट्रॉनिक वोटिंग मशीन (ईवीएम) में गड़बड़ी के कुछ शिकायतन के छोड़के सबेरे आठ बजे सुरु भइल मतदान प्रक्रिया कमोबेश शांतिपूर्ण रहल। विधानसभा चुनाव के दूसरा चरण खातिर पांच दिसंबर के मतदान होई आ मतगणना आठ दिसंबर के होई।

14,382 मतदान केंद्रन पs भइल वोटिंग

बियफे के 14,382 मतदान केंद्रन पs मतदान सुरू भइल रहे, जेमे से 3,311 शहरी आ 11,071 ग्रामीण इलाकन में रहे। वोटिंग पs नजर राखे खातिर 13,065 मतदान केंद्रन से लाइव वेबकास्ट कइल गइल। गुजरात में 27 सालन से बीजेपी के सरकार बा आ पार्टी लगातार सातवां बेर सत्ता पs कब्जा जमावे के कोसिस कर रहल बिया। अबकी बेर बीजेपी के मुकाबला ना खाली कांग्रेस से बा बलुक आम आदमी पार्टियो (आप) से बा जवन अपना आप के मुख्य विपक्षी दल साबित करे के कोसिस में जुटल बिया।

2017 के चुनाव के नतीजा

गुजरात के 2017 के विधानसभा चुनाव के बात करी तs तब बीजेपी 182 में 99 सीटन पs जीत दर्ज करत बहुमत हासिल कइले रहे। कांग्रेस के हिस्सा में 77 सीट आइल रहे। 3 सीट पs निर्दलीय उम्मीदवार जीतल रहे लो। 2 सीट बीटीपी आ एक सीट एनसीपी के खाता में गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]