[the_ad_group id="30365"]

यूरोपीय संघ कहलस- रूस के युद्ध अपराधन के जांच करी विशेष कोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूरोपीय संघ (ईयू) यूक्रेन में रूस द्वारा कइल गइल संभावित युद्ध अपराधन के जांच करे खातिर संयुक्त राष्ट्र समर्थित एगो विशेष अदालत स्थापित कइले अउर युद्धग्रस्त देश के पुनर्निर्माण खातिर रूस के फ्रीज कइल गइल संपत्ति के इस्तेमाल करे के प्रस्ताव रखले बा। यूरोपीय आयोग के अध्यक्ष उर्सुला वॉन देर लेयेन कहनें कि ईयू एकरे खातिर वैश्विक समर्थन जुटवले के वास्ते अंतरराष्ट्रीय सहयोगियन के संगे मिल के काम करे के तैयार बा।

ऊ कहनें, हमनीं के अंतरराष्ट्रीय अपराध अदालत के काम के समर्थन देहल जारी रखल जाई। रूसी सेना पs आरोप बा कि ऊ 24 फरवरी के युद्ध शुरू कइले के बाद से कीव के उपनगर बुका में कई लोग के हत्या कइल गइल अउर मैरियूपोल के एगो थिएटर में 16 मार्च कइल गइल बमबारी में आम लोग पर हमला कइल गइल, जेमें 600 लोग के मौत के आशंका बा। यूरोप अउर हेग स्थित अंतरराष्ट्रीय अपराध अदालत यूक्रेन में युद्ध के दौरान कइल गइल सैन्य अपराधन के जांच कs रहल बा।

यूक्रेन के प्रथम महिला ओलेना जेलेंस्की अपील कइली कि यूक्रेन में आक्रमणकारियन के जवाबदेह बनावल जाई। लेयेन बुध के कहनें कि ईयू चाहsता कि प्रतिबंध के तहत फ्रीज कइल गइल रूसी संपत्ति के इस्तेमाल पड़ोसी यूक्रेन में भइल विनाश के भुगतान खातिर कइल जाए। ऊ अनुमान जतवली कि यूक्रेन में 600 अरब यूरो के नुकसान भइल बा। ऊ कहली, हमनीके चाहतनीं जा, कि रूस एकर भुगतान करे।

एह साल के अंत ले रूस गवाई आपन एक लाख सैनिक : जेलेंस्की

रूस के संगे जारी जंग के बीच यूक्रेनी राष्ट्रपति वोलोदिमीर जेलेंस्की अहम बयान दिहले बानें। जेलेंस्की रूसी सैनिकन के होखे वाले भारी नुकसान के ले के आगाह कइले बानें। ऊ कहनें कि एह साल के अंत ले रूस अपने एक लाख सैनिकन के गंवा देई। राष्ट्रपति जेलेंस्की देश के वीडियो के जरिये संबोधित करत इहो कहनें कि अगिला मोर्चा पर हालात बहुते मुश्किल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]