Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

284
  1. बिहार: बिहार के बांका में 2KM सड़क चोरी: 2 गांवन के जोड़े वाला सड़क जोतके दबंग लोग गेंहू बो दिहल; मारपीटो कर रहल बा लो। 5 दिन पहिले सड़क रहे… अब खेत बन गइल बा। गुजर रहल लोगन के लागल कि ऊ लोग रास्ता भटक गइल, बाकिर असल में सड़के गायब हो गइल रहे। गांव के 35 लोग अंचलाधिकारी के दिहल लो आवेदन।
  2. बिहार: 2 दिन पहिले भइल रहे बियाह… मेहंदी हटला से पहिले मौत; छपरा मे 2 बाइकन में भिड़ंत, 2 के मौत। आजे होखे के रहे बियाह के भोज। 27 नवंबर के रायपुर में बियाह भइल, 29 के दुल्हिन लेके घरे आइल रहलें तरैया के रौशन कुमार, घटना से परिजनन में मचल कोहराम।
  3. उत्तर प्रदेश: ‘हम जुलुम कइले रहती तs पैदा होखे से पहिले लईका मां से कहित, आजम खां से पूछ लs, सपा नेता के बेतुका बयान। एगो सभा के दौरान आजम खां द्वारा दिहल गइल भाषण के एगो अंश इंटरनेट मीडिया पs खूब प्रसारित हो रहल बा जेमे ऊ कह रहल बाड़ें कि पैदा होखे से पहिले बच्‍चा अपना मां से कहित कि पहिले आजम खां से पूछ लs कि बहरी निकलहु के बा कि ना।
  4. उत्तर प्रदेश: मेरठ में बोलले सीएम योगी, बहिन बेट‍ियन के ना गुंडन के अब लागेला डर, यूपी के कइनी दंगामुक्‍त। सीएम योगी कहलें आजादी के दौरान इतिहास बनावे वाला धरती हs मेरठ। एकर हस्तशिल देस के पहचान दिलवले बा। मेरठ अब हब बन चुकल बा। एके महीना में हम दूसरा बार मेरठ आइल बानी। दुनिया के आधुनिकतम सुविधा मेरठ के मिल रहल बा।
  5. झारखंड: Tribal Advisory Council के लेके फेर से बढ़ल राजभवन आ हेमंत सरकार के बीच टकराव; जनजातीय परामर्शदातृ परिषद (टीएसी) के लेके एक बेर फेर राजभवन आ झारखंड सरकार में टकराव बढ़ गइल बा। राज्यपाल के प्रधान सचिव झारखंड सरकार से पूछलें कि आखिर राजभवन के आपत्ति पs जवाब देले बिना कवना परिस्थिति में टीएसी के बैठक आयोजित कइल गइल।
  6. अफगानिस्तान के स्कूल पs आतंकी हमला: बम ब्लास्ट में 16 लोगन के मौत, 24 घायल। अफगानिस्तान के समानगन प्रोविन्स में बुध के एगो स्कूल पs ई आतंकी हमला भइल बा।
  7. 14 रूपिया तक सस्ता हो सकेला पेट्रोल-डीजल: कच्चा तेल के दाम गिरल, कस्टमर-कंपनी दुनो के फायदा होई।  8 महीना में 27% कम भइल कच्चा तेल के दाम। मई के बाद पहिला बेर पेट्रोल-डीजल के घट सकत बा दाम।
  8. पाकिस्तान के पूर्व पीएम इमरान खान के फौज पs तंज: नाया आर्मी चीफ के बधाई देलें, कहलें- ई मत भूलीं कि आवाम मालिक आ रउआ सेवक बानी। मंगर के नाया आर्मी चीफ के रूप में जनरल आसिम मुनीर चार्ज संभरलें बाड़ें।
  9. बिलकिस सुप्रीम कोर्ट में लगवली दु गो याचिका: गैंगरेप के 11 दोषियन के दोबारे जेल भेजे के मांग, 15 अगस्त के अमृत महोत्सव के तहत भइल रहे दोषियन के रिहाई। बिलिकिस के सवाल- केस महाराष्ट्र में चलल तs फसीला गुजरात सरकार काहे लेलस।
  10. बरखा के कारण तीसरा वनडे रद्द: न्यूजीलैंड सीरीज 1-0 से जीतल, 2 ओवर आउर चलित मैच तs हार जाइत भारत, 41 साल बाद न्यूजीलैंड दोबारा भारत के खिलाफ लगातार दु गो सीरीज जीतल, पिछिलको सीरीज में भारत के 3-0 से हरवके रहे न्यूजीलैंड।
396380cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.