[the_ad_group id="30365"]

बलूचिस्तान में सुरक्षा कर्मियन के ले जा रहल ट्रक में आत्मघाती धमाका, तीन लोग के मौत, 23 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के अशांत बलूचिस्तान प्रांत में आजु सुरक्षा कर्मियन के ट्रक के निशाना बना के आत्मघाती धमाका कइल गइल। धमाका में तीन लोग के मौत हो गइल जबकि 20 सुरक्षा कर्मियन समेत 23 लोग घायल हो गइलें। घायलन में कुछ लोग के हालत गंभीर बा।

एहसे एक दिन पहिले सुरक्षा कर्मी लोग बलूचिस्तान में 10 संदिग्ध आतंकियन के मार गिरवले रहे। आत्मघाती हमला के शिकार ट्रक में बलूचिस्तान में पोलियो टीकाकरण अभियान में लागल कर्मचारियन के सुरक्षा खातिर पुलिस अधिकारियन के ले जात रहे।

धमाका से ट्रक खाई में जा गिरल

पुलिस वाहन पर आत्मघाती हमला क्वेटा के बलेली इलाका में भइल। क्वेटा के डीआईजी गुलाम अज़फ़र महेसर के हवाले से डॉन रिपोर्ट दिहलस कि धमाका के कारण ट्रक के संतुलन बिगड़ल अउर ऊ एगो खाई में जा गिरल। घटना स्थल पर मीडिया से चर्चा में महेसर कहनें कि अनुमान बा कि विस्फोट खातिर कम से कम 25 किलोग्राम विस्फोटक के इस्तेमाल कइल गइल।

आत्मघाती हमलावर के अवशेष मिलल

डीआईजी महेसर कहनें कि ई आत्मघाती हमला रहल, काहेसे कि घटना स्थल के लग्गे एगो आत्मघाती हमलावर के अवशेष मिलल बा। हमला में करीब 20 पुलिसकर्मी अउर तीन नागरिक घायल भइल बानें। दू पुलिसकर्मियन के हालत गंभीर बा।

पीएम शरीफ कइलें हमला के निंदा

पाकिस्तान के पीएम शाहबाज शरीफ एह आत्मघाती हमला के निंदा कइलें। जियो न्यूज के अनुसार ऊ एकर तत्काल जांच के आदेश दिहल गइल। राष्ट्रपति आरिफ अल्वी हमला के निंदा कइले बानें। ऊ मृतकन के शांति के दुआ करत घायलन के जल्दी स्वस्थ होखले के कामना कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]