[the_ad_group id="30365"]

कोडरमा घाटी में शहीद भइलें बिहार के लाल, मोतिहारी में शोक के लहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वी चंपारण: बिहार के मोतिहारी जिला के रामगढ़वा थाना क्षेत्र इस्थित सिंहासनी गांव के रहे वाला विवेक कुमार सिंह ड्यूटी के दौरान झारखंड के कोडरमा घाटी में शहीद (Vivek Kumar Singh Martyred in Koderma Valley) हो इलें। ऊ सीआरपीफ के कोबरा बटालियन में रहस आ रेडियो ऑपरेटर के पद पs पदस्थापित रहस। नक्सलियन के खिलाफ सर्च अभियान के दौरान मुठभेड़ में विवेक सिंह शहीद हो गइलें। सीआरपीफ जवान विवेक कुमार सिंह मोतिहारी के रहे वाला रहस। उनका शहादत से उनका गांव में शोक के लहर फइल गइल बा।

शहीद विवेक रेडियो ऑपरेटर के पद पs पदस्थापित रहलें

ऊ सीआरपीफ के कोबरा बटालियन में रहस आ रेडियो ऑपरेटर के पद पs पदस्थापित रहस। नक्सलियन के खिलाफ सर्च अभियान के दौरान मुठभेड़ में विवेक सिंह के शहीद होखे के बात बतावल जा रहल बा। हालांकि ,मृतक के बाबूजी घटना के पूरा जानकारी मिले के इंतजार में बाड़े। घटना मंगर के देर साँझ के बतावल जा रहल बा। सीआरपीएफ जवान के शहीद होखला के खबर पूरा इलाका में फइलला के बाद उनका घर पs लोगन के तांता लागल बा।

मंगर के रात में विवेक के यूनिट से एह घटना के जानकारी मोबाइल पs दिहल गइल, बाकिर घटना के संबंध में जादे जानकारी नइखे मिल सकल  परिवार पs एगो बड़ विपत्ति आ गइल बा, बाकिर गर्व एह बात के बा कि हमार बेटा देस के रक्षा करे के दौरान शहीद भइल बा  :-

अरुण कुमार सिंह, शहीद जवान के पिता

शहीद के सात बरिस के बा बेटा 

बता दीं कि सिंहासनी के रहे वाला जवान विवेक कुमार दु भाईयन में बड़ रहस। उनकर चार गो बहिन बा लो। सभे के बियाह हो चुकल बा। विवेक के छोट भाई प्रफुल्ल कुमार सिंह सेना में बाड़ें आ वर्तमान में असम में पोस्टेड बाड़ें। विवेक सिंह साल 2010 में सीआरपीएफ ज्वाइन कइले रहस। उनकर पोस्टिंग छत्तीसगढ़ में रहे, बाकिर कोबरा बटालियन के प्रशिक्षण लेला के बाद उनकर तबादला झारखंड में हो गइल रहे। शहीद विवेक सिंह के एगो सात बरिस के बेटा विराट वत्स बा। जवन मोतिहारी में आपन मां रश्मि सिंह के साथे रहके एगो प्राइवेट स्कूल में पढ़ेला।

साभार: ईटीवी भारत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]