[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: 4 गो बुजुर्ग प्रेमियन के संगे मिलके पांचवां के हत्या; बिहारशरीफ में 30 साल के विधवा से सभे के अफेयर, प्रपोज कइला पs आइल गुस्सा। विधवा के प्यार में रहे लो पांचो प्रेमी। चारो प्रेमियन के पांचवां के एंट्री नागवार गुजरल।
  2. बिहार: आज से पटना में 5G सेवा सुरु; कंपनी बोलल- सिम बदलला के जरूरत नइखे, खाली 5G फोन होखे के चाहीं। खाली 8 जगनन पा अभी सुविधा। कंपनी के दावा आवे आला समय में बढ़ी सुविधा।
  3. उत्तर प्रदेश: मैनपुरी में सीएम योगी आदित्यनाथ शिवपाल पs कसलें तंज, “चाचा के इस्तिथी पेंडुलम जइसन। भाजपा प्रत्याशी रघुवीर सिंह के समर्थन में मंगले वोट।
  4. उत्तर प्रदेश: शिवपाल सिंह यादव के सुरक्षा में कइल गइल कटौती, अब जेड के जगे मिली वाई श्रेणी के सुरक्षा। उत्तर प्रदेश सरकार लेलस फसीला।
  5. झारखंड: बिहार के दु गो पुलिसकर्मियन के रांची में ग्रामीण लोग पीटलस, बंधक बनावल। अपहरणकर्ता समझ लोग कईलस पिटाई। कांके थाना पुलिस के हस्तक्षेप के बाद दुनो पुलिसकर्मियन के सुरक्षित निकालल गइल।
  6. खड़गे के मोदी पs तंज- हम अछूत बानी: चुनावी सभा में बोललें – तहार चाय केहू पियेला तs; हमार तs केहू लेबो ना करे। कांग्रेस अध्यक्ष खड़गे गुजरात चुनाव खातिर प्रचार कर रहल बाड़ें। ऊ अतवार के सूरत के ओलपाड आ नर्मदा के देडियापाड़ा में रैली कइले रहस।
  7. सुप्रीम कोर्ट के सरकार के फटकार: कहलस- कॉलेजियम के सुझाव पs केंद्र कुंडली मार के बइठल बा, एकरा से पूरा सिस्टम फ्रस्ट्रेट होला। कानून मंत्री कॉलेजियम सिस्टम के एलियन बतवले रहस। NJAC एक्ट पास ना होखला से नाराज लागत बिया सरकार- जस्टिस कॉल।
  8. राहुल गांधी दाढ़ी साफ करस तs नेहरू जइसन लउकिहें: असम के मुख्यमंत्री सद्दाम वाला बयान पs सफाई देलें, कहलें – हम अइसन कुछ तs ना कहबे ना कइनी। दाढ़ी बढ़वला से परिपक्वता ना आई, 6 दिन पहिले देले रहस बयान।
  9. ईरान के सुप्रीम लीडर के भांजी गिरफ्तार: अपना सरकार के ‘हत्यारा’ बतवले रहली; अधिकारी लोग एगो विरोध समर्थक फिल्ममेकर के भारत से आवे से रोकल।
  10. ऋतुराज गायकवाड के ऐतिहासिक पारी: उत्तर प्रदेश के खिलाफ शिवा सिंह के एक ओवर में जड़लें 7 गो छक्का। अइसन करे वाला दुनिया के पहिला बल्लेबाज, विजय हजारे ट्रॉफी में दोहरा शतक लगवलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]