[the_ad_group id="30365"]

पर्यावरणविद माइक पांडेय होइहें गोरखपुर शहर के स्वच्छता ब्रांड एंबेसडर, हासिल कs चुकल बानें 300 से बेसी पुरस्कार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ग्रीन ऑस्कर से सम्मानित विश्व विख्यात पर्यावरणविद माइक हरगोविंद पांडेय गोरखपुर के ब्रांड एंबेसडर होइहें। एह संबंध में ऊ नगर निगम के अनुरोध के स्वीकार कs लिहले बानें।

नगर आयुक्त बतवलें कि दूरभाष पर भइल बातचीत में ऊ कहनें कि उनके खातिर अपने पुरखन के क्षेत्र में स्वच्छता ब्रांड एंबेसडर बनल गर्व के अनुभूति करावे वाला बा। स्वच्छता ब्रांड एंबेसडर के रूप में उनकर प्रयास पीएम मोदी अउर सीएम योगी के मंशा के आगे बढ़ा रहल गोरखपुर नगर निगम के संगे जुड़ के अधिकाधिक लोग के जागरूक करे के होई।

नगर आयुक्त अविनाश सिंह कहनें कि स्वच्छता के मामले में गोरखपुर के नंबर वन बनावे खातिर माइक पांडेय के अनुभव अउर सुझाव महत्वपूर्ण साबित होई।

वाइल्ड लाइफ फिल्ममेकरो बानें माइक पांडेय

पर्यावरण अउर जैव विविधता संरक्षण के क्षेत्र में वैश्विक स्तर पर उल्लेखनीय कार्य करे वाले माइक पांडेय के ख्याति वाइल्ड लाइफ फिल्ममेकरो बा। गोरखपुर मूल के पांडेय प्रदेश सरकार के इको टूरिज्म के ब्रांड एंबेसडर अउर पर्यावरण संरक्षण के क्षेत्र में काम करे वाली गोरखपुर के संस्था हेरिटेज फाउंडेशन के संरक्षक बानें।

ऊ राष्ट्रीय-अंतरराष्ट्रीय स्तर के 300 से बेसी पुरस्कार पा चुकल बानें। ऊ पहिले एशियाई आदमी बानें, जिनके तीन बेर ग्रीन ऑस्कर अवार्ड मिलल बा। टाइम मैगजीन उनके हीरो ऑफ इनवायरमेंट के खिताब से नवजले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]