[the_ad_group id="30365"]

शादी के बंधन में बन्हइने 1192 जोड़े, सीएम योगी दिहलें आशीर्वाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में सोमार के चंपा देवी पार्क में आयोजित सामूहिक विवाह कार्यक्रम में विवाह के बंधन में जोड़े बंध रहल बानें। 1192 जोड़न के आशीर्वाद देवे पहुंचल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनें कि सरकारी योजना के लाभ सब तबका से मिल रहल बा।

ऊ कहनें कि जब प्रदेश में भाजपा के डबल इंजन के सरकार बननें त ई पता चलल कि दहेज के चलते आर्थिक अभाव में कई गरीब कन्या के बियाह नाइ हो पावत रही। एह समस्या के दूर करे खातिर मुख्यमंत्री सामूहिक विवाह योजना के शुरुआत कइल गइल।

कहनें कि एह नव दंपतियन के पहिले 31 हजार, अब 51 हजार रुपया दिहल जाला। अबतक प्रदेश के दू लाख से अधिक जोड़न के बियाह एह योजना के अंतर्गत हो चुकल बा। डबल इंजन के सरकार पूरा ईमानदारी अउर प्रतिबद्धता के संगे काम कs रहल बिया। एक करोड़ से बेसी लोग के पेंशन दीहल जा रहल बा। कोरोना काल खंड में 15 करोड़ परिवारन के निशुल्क राशन दिहल गइल। इहां आयोजित कार्यक्रम में हर धर्म जाति के जोड़न के बियाह हो रहल बा।

ऊ कहनें कि हम सबके इहां अइले के अवसर मिलल। मुख्यमंत्री सबसे अपील कइलें कि सब लोग मिल के बाल विवाह अउर दहेज जइसन कुप्रथा के खत्म करें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]