Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

406
  1. बिहार: पुल आ रेल के इंजन के बाद अब मोबाइल टावर के चोरी; पटना में जमीन मालिक से बोलले सs- घाटा हो रहल बा, 3 दिन में खोल ले गइलें सs। टावर के खाली बेस बांचल बा। 10 से बेसी संख्या में आइल रहले सs चोर।
  2. उत्तर प्रदेश: CM योगी आदित्यनाथ अयोध्या के देले 1056 करोड़ के सौगात, 46 परियोजन के लोकार्पण आ शिलान्यास कइलें। अयोध्या में अतवार के मुख्यमंत्री हनुमानगढ़ी आ रामलला के दर्शन पूजन कइलें।
  3. उत्तर प्रदेश: ललितपुर में तैनात रहल सीओ विनोद कुमार शर्मा निलंबित, अनुसाशनहीनता आ शिथिलता पs कारवाई।
  4. झारखंड: झारखंड के लाइब्रेरी मैन संजय कश्चप, पीएम मोदी ‘मन के बात में’ उनकर सराहना कइलें। झारखंड के कोल्हान में 40 पुस्तकालयन के अब तक कर चुकल बाड़े स्थापना।
  5. बिहार: पूर्णिया में लईका-लईकी भागल लो… लोग बोलल- लव जिहाद; विरोध में बाजार बंद कs के थाना के घेराव, बाप दर्ज करवले FIR, प्रेमी जोड़ा विडियो जारी कइलस।
  6. महाराष्ट्र में रेलवे फुट ब्रिज के हिस्सा गिरल: 60 फीट के ऊंचाई से रेल पटरियन पs गिरल लोग, 20 घायल; 8 गंभीर।
  7. चीन में जिनपिंग के खिलाफ सड़कन पs लोग: लॉकडाउन के विरोध कइल लोग, बोलल लोग – डिक्टेटरशिप ना, डेमोक्रेसी चाहीं; इस्तीफा देस राष्ट्रपति।
  8. पार्टी से बगावत शहाबुद्दीन के पत्नी के पड़ल भारी: RJD के राष्ट्रीय कार्यकारिणी से बाहर हिना शहाब, कहले रहस – हम कवनो पार्टी में नइखी। लालू परिवार कइलस किनारा।
  9. पाकिस्तान के फौज में बगावत के खतरा: नया आर्मी चीफ के 2 विरोधी अफसर रिटायरमेंट लिहल लो, दुनु इमरान खान के करीबी। चार आउर अफसर फौज छोड़े के तइयारी में।
  10. आस्ट्रेलिया दुसरको हॉकी मैच जीतल: सुरुआती गोल के बादो 7-4 से हारल भारत; ब्लैक गोवर्स दगले हैट्रिक। बढ़त बना के ना राख सकल भारत।
393600cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.