[the_ad_group id="30365"]

Republic Day 2023: मिस्र के राष्ट्रपति होइहें गणतंत्र दिवस पs चीफ गेस्ट, दु साल बाद सामिल होई विदेशी मेहमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह बार के गणतंत्र दिवस समारोह में मिस्र के राष्ट्रपति मुख्य अतिथि के तौर पs सामिल होइहें। विदेश मंत्रालय के ओर से बतावल गइल कि गणतंत्र दिवस 2023 पs मिस्र के राष्ट्रपति अब्देल फतह अल सिसी विदेशी मेहमान होइहें।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओर से अल-सिसी के भेजल गइल औपचारिक निमंत्रण उनका के विदेश मंत्री एस जयशंकर के ओर से 16 अक्टूबर के सउपल गइल रहे।

बता दीं कि दुनो देस एही साल राजनयिक संबंधन के 75वीं वर्षगांठ मनवले बा। पीछिला महीना भारत के विदेश मंत्री एस जयशंकर आ रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह मिस्र यात्रा के दौरान राष्ट्रपति अल-सिसी से मुलाकात कइले रहे लो।

विदेश मंत्रालय के ओर से जारी बयान में कहल गइल कि मिस्र के 2022-23 में जी-20 के भारत के अध्यक्षता के दौरान अतिथि देसन के तौर पs आमंत्रित कइल गइल बा। एमे कहल गइल बा, ”भारत आ मिस्र के सभ्यतागत आउर लोगन से लोगन के बीच गहिराह संबंध पs आधारित मैत्रीपूर्ण संबंध बा।”

मित्र देसन के नेता 1950 से गणतंत्र दिवस समारोहन के शोभा बढ़ावत रहल बा लो। 1950 में इंडोनेशिया के तत्कालीन राष्ट्रपति सुकर्ण के मुख्य अतिथि के तौर पs आमंत्रित कइल गइल रहे। 1952, 1953 आ 1966 में गणतंत्र दिवस समारोह में मुख्य अतिथि के तौर पs कवनो विदेशी नेता सामिल ना भइल लो।

साल 2021 में तत्कालीन ब्रिटिश प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन के मुख्य अतिथि के तौर पs आमंत्रित कइल गइल रहे बाकिर ब्रिटेन में कोविड-19 के ममिला बढ़ला के कारण ऊ आपन यात्रा रद्द कs देले रहस। एह साल भारत गणतंत्र दिवस समारोह में पांच मध्य एशियाई गणराज्यन के नेता लोगन के आमंत्रित कइले रहे।

ओहिजा, 2018 में गणतंत्र दिवस समारोह में दक्षिण-पूर्व एशियाई देसन के संघ (आसियान) के सभे 10 देशन के नेता गणतंत्र दिवस परेड में उपस्थित रहे लो। 2020 में ब्राजील के तत्कालीन राष्ट्रपति जायर बोलसोनारो मुख्य अतिथि रहस।

अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति बराक ओबामा (2015), रूसी राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन (2007), फ्रांस के पूर्व राष्ट्रपति निकोलस सार्कोजी (2008) आ फ्रांस्वा ओलांद (2016) एकरा पहिले गणतंत्र दिवस समारोह में मुख्य अतिथि रह चुकल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]