[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: पटना में 1 करोड़ के सोना के लूट, थैली में 2 किलो सोना लेके शॉप पs जात रहे दुकानदार, पिस्टल अड़ाके ले भागल। लोग सड़क कइल जाम। पुलिस समझा बुझा के जाम हटवावल।
  2. दरभंगा में प्रोफेसर के धमकी… सर तन से जुदा कs दिहल जाई: लेटर में लिखल बा- अल्लाह के आदेस के ना मनबs तs परिवार के साथे मरबs। मुसलमानन के गारी देवे आला प्रोफेसर के ट्रांसफर करे के मांग बा।
  3. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रयागराज में बोललें- विकास में बैरियर बनावे वाला माफिया जेल में, इहें गरीबन के सरकार।
  4. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी में मिलल शिवलिंग पूजन के स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद के मांग पs सुनवाई 2 के। अदालत में प्राथना पत्र देके ऊ ज्ञानवापी में मिलल शिवलिंग के पूजन आ भोग के मांग कइले रहस।
  5. झारखंड: खूंटी में फर्जी दस्तावेज के संगे होमगार्ड बहाली में आइल 2 गो जुवक गिरफ्तार। दुनो बिहार के लखीसराय जिला के रहनिहार। खूंटी में फर्जी दस्तावेज बना के भर्ती में सामिल होखे के रहे कोसिस।
  6. जामा मस्जिद में महिला लोगन के अकेला एंट्री पs बैन: परिवार भा पति के संगे आईं; मस्जिद प्रशासन बोलल- ई टिकटॉक बनावे के जगे ना हs। मस्जिद प्रवक्ता बोललें – धर्मस्थलन के पार्क बुझे लागल बा लोग।
  7. डिजाइनर बालियन में ना लउकी लो एयर इंडिया के होस्टेस: बिंदी के साइज, चूड़ी के संख्या तय… मेल क्रू के हेयरस्टाइलो पs गाइडलाइन। एयर इंडिया के ग्रूमिंग गाइडलाइन, क्रू के धार्मिक आ करिया धागा बंहला के अनुमति ना।
  8. बेटी के बिजनेस संभारे से इनकार, एहिसे बिसलेरी बेचल जाई: टाटा ग्रुप किन सकेला। 7000 करोड़ में बेचल जाई, मात्र 4 लाख में किनल गइल रहे। बिजनेस बढ़ावे खातिर बिसलेरी ग्रुप के लगे उत्तराधिकारी नइखे।
  9. दिल्ली AIIMS के सर्वर बिहान से डाउन: जांच करे केंद्रीय एजेंसियन के बोलावल गइल, साइबर अटैक के बा आशंका। ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन नइखे करा पा रहल लो मरीज।
  10. FIFA World Cup स्विट्जरलैंड कैमरून के हरवलस: ब्रील एम्बोलो जड़लें इकलौता गोल बाकिर सेलिब्रेट ना कइलें, कैमरून में जनमल बाड़े एहिसे ओकरा खिलाफ गोल के बाद सेलिब्रेट ना कइलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]