[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के जामा मस्जिद में लईकियन के अकेला गइला पs रोक, PRO कहलें लईकी लोग अपना लवर्स के बोलावेला लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हमनी के देस में हर एक दु दिन बाद कवनो ना कवनो अइसन सामने आ जाला जवन कि सब केहू के काफी हैरान कs देला।एही बीच एगो अइसन ममिला राजधानी दिल्ली के जामा मस्जिद से सामने आइल बा, जहां मस्जिद प्रशासन के द्वारा एगो अइसन फसीला लिहल गइल जवना के हर जगह आलोचना हो रहल बा, तs आई जानल जाव आखिर का बा पूरा ममिला…

लईकियन के घुसला पs रोक

दिल्ली जामा मस्जिद में अकेले लईकियन के रोक पs भारी विवाद छिड़ गइल बा, जवना के बाद बाद अब इहां के PRO सबीउल्लाह खान कहलें कि अकेला लईकियन के घुसे (Entry) पs रोक लगावल गइल बा। काहेकि ई एगो धार्मिक स्थल हs, एकरा के देखत निर्णय लिहल गइल बा। इबादत करे वालन खातिर कवनो रोक नइखे।

माई-बाबूजी भा टीचर के संगे अइला पs पाबंदी नइखे 

दरअसल, दिल्ली के जामा मस्जिद में अकेला लईकी आ लईकियन के समूह के प्रवेश पs रोक लगा दिहल गइल बा। जब एह फसीला के हर जगह आलोचना कइल जाये लागल तs जामा मस्जिद के इमाम अहमद बुखारी कहलें कि 15-20 दिन पहिले नोटिस जारी कइले रहस, एमे अकेला लईकियन के दाखिला होखला पs पाबंदी के बात कहल गइल बा, बाकिर कवनो लईकी अपना परिवार, माई-बाप भा टीचर के संगे आवत बिया तs पाबंदी नइखे। लईकी अपना लवर्स के मस्जिद में बोलावेला लो। ई गलत बा।

विश्व हिन्दू परिषद सांसद ओवैसी के लेलस घेरा में

ओने, विश्व हिन्दू परिषद एह ममिला में हैदराबाद के सांसद ओवैसी से सवाल कइले बाड़े। वीएचपी प्रवक्ता विनोद वंसल  ओवैसी के भड़काऊ भाईजान कहत कटाक्ष कइलें आ कहलें कि ऊ तs मुस्लिम लईकियन के प्रधानमंत्री के कुर्सी तक पहुंचावे के बात करेले आ मस्जिदन तक में घुसला से रोकल जा रहल बा। एतने ना मुस्लिम राष्ट्रीय मंच के प्रवक्ता शाहिद सईद कहलें कि एह तरे के मानसिकते गलत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]