[the_ad_group id="30365"]

गुजरात चुनाव 2022: पीएम मोदी के सुरक्षा में सेंध! NSG नाकाम कइलस साजिश, मार गिरावल गइल ड्रोन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के गुजरात दौरा के बीच बड़ खबर बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक, एगो रैली के दौरान प्रधानमंत्री के सुरक्षा में सेंध लगावे के तैयारी रहल। हालांकि, एनएसजी एह साजिश के नाकाम कs दिहल गइल बा।

कथित तौर पर सुरक्षा एजेंसियन के अहमदाबाद जिला के बावला में एगो ड्रोन नजर आइल रहे, इहें पर प्रधानमंत्री के रैली होखे के रहल। पीएम के रैली के तहत सुरक्षा कारण से एह क्षेत्र के ‘नो फ्लाई जोन’ घोषित कइल गइल रहे, जेकरे बाद ड्रोन के एनएसजी मार गिरवलस। हालांकि, अभिन ले प्रधानमंत्री कार्यालय चाहे पुलिस के ओर से कुछ नाइ कहल गइल बा।

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि ड्रोन में पुलिस के कुछऊ संदिग्ध नइखे मिलल। हालांकि, सुरक्षा एजेंसी ई पता लगावे के कोशिश कs रहल बा कि एके काहें उड़ावल गइल रहे। सूत्रन के मुताबिक, ई घटना साँझ चार बज के 30 मिनट पर भइल। एह मामिला में एगो आदमी के हिरासत में भी लिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]