[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: खगड़िया में दरद से चिल्लात 23 गो महिला लोगन के हाथ-गोड़ धके ऑपरेशन; खगड़िया में बिना एनेस्थीसिया देले भइल फैमली प्लानिंग के ऑपरेशन, चिल्लाये लागल लो त मुंह दबावल गइल। ऑपरेशन रूम में टॉर्चर।
  2. बिहार: पटना में दुकानदार के गोली मारके हत्या; एजेंसी से सामान ना लेला प भइल विवाद, भीड़ 5 अपराधियन में से 3 के पकड़लस। हत्या के बाद बवाल, पीटला के बाद अपराधी के घसीटल गइल, हंगामा के बाद बुलेट में आग लगा दिहल लोग।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी विधानमंडल के शीतकालीन सत्र 5 दिसंबर से, विधानसभा सचिवालय जारी कइलस अधिसूचना। एह दौरान योगी आदित्यनाथ सरकार वित्तीय बरिस 2022-2023 खातिर पहिला अनुपूरक बजट पेश करी।
  4. उत्तर प्रदेश: कानून के ठेंगा दिखावा वाला गोरखपुर के जिलाधिकारी प इलाहाबाद हाई कोर्ट पांच लाख रुपिया ठोकलस हर्जाना। डीएम गोरखपुर कानून के ना कइलें सम्मान।
  5. झारखंड: झारखंड विधानसभा के स्थापना दिवस 22 नवंबर के, सर्वश्रेष्ठ विधायक चुनल गइलें विनोद सिंह। बगोदर विधानसभा से तीन टर्म के विधायक बाड़े।
  6. गाजा पट्टी के रिफ्यूजी कैंप में आग: 21 के मौत, एमे 10 गो लईका सामिल। कैंप में फिलिस्तीन शरणार्थी रहे लो। बढ़ सकेला मौतन के आंकड़ा।
  7. सावरकर प राहुल के बयान तुर सकत बा कांग्रेस-शिवसेना गठबंधन: उद्धव लिहें फसीला, कुछ देर में आदित्य ठाकरे के प्रेस कांफ्रेंस। उद्धव सावरकर खातिर भारत सरकार से मंगले भारत रत्न। राहुल गांधी कहलें बाड़े – सावरकर नौकर बने के जीकिर चिट्ठी में कइले रहस।
  8. विदेश मंत्रालय के ड्राइवर ISI के हनीट्रैप में फंसल: पाकिस्तान के देत रहे खुफिया जानकारी, दिल्ली पुलिस गिरफ्तार कइलस। पाकिस्तान के जासूस में संपर्क में रहे ड्राइवर।
  9. हैदराबाद के सरकारी कॉलेज के लैब में केमिकल लीक भइल, 25 छात्रन के तबीयत बिगड़ गइल। सब छात्रन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल।
  10. भारत-न्यूजीलैंड मैच बरखा के कारण रद्द: दुनो टीम के खेलाड़ी फुटबॉल खेल के कइल लो टाइमपास, दुसरका मैच 20 नवंबर के।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]