[the_ad_group id="30365"]

Bank Strike: आज होखे वाला बैंक कर्मचारियन के देशव्यापी हड़ताल टलल, करोड़न बैंक ग्राहकन के मिली राहत!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bank Strike Postponed: अखिल भारतीय बैंक कर्मचारी संघ (AIBEA) सनीचर (19 नवंबर) के प्रस्तावित देशव्यापी बैंक हड़ताल (Bank Strike) वापस ले लेले बा। भारतीय बैंक संघ के ज्यादातर मांगन के माने प सहमत होखला के बाद एआईबीईए के तरफ से ई हड़ताल वापस लिहल गइल बा। एह फसीला के बाद सब बैंकन में काम सामान्य रुप से चलत रही आ बिना कवनो रुकावट के लेन-देन कइल जा सकी। हड़ताल स्थगित होखला से ग्राहक अब रोजाना के तरे बैकन में जाके आपन काम पूरा क सकी लो। हालांकि, निजी बैंकन (Private Sector Bank) के कामकाज प एह हड़ताल के कवनो असर ना पड़े वाला रहे।

एआईबीईए के महासचिव सीएच वेंकटचलम कहलें कि सब मुद्दन प सहमति बनल बा। आईबीए आ बैंक एह मुद्दा के द्विपक्षीय रूप से हल करे प सहमत भइल। एहिसे हमनी के हड़ताल टाल दिहल गइल बा। एह ममिला में यूनियन आ बैंकन समेत चीफ लेबर कमिश्नरो बैठक में सामिल भइलें। एह बैठक में बैंक कर्मचारियन से संबंधित मुद्दन प चरचा भइल, जवना के बाद हड़ताल वापस लेवे के फसीला कइल गइल।

बैंकन द्वारा वजह से हड़ताल के फसीला कइल गइल रहे

असल में, बैंक यूनियन कर्मचारियन के निकालल जाये, बैंकन में आउटसोर्सिंग आ वेज रिवीजन के लागू करे में हो रहल देरी के लेके हड़ताल प जाये के फसीला कइले रहे। वेंकटचलम कहलें कि कुछ बैंकन के नौकरियन के आउटसोर्सिंग से ग्राहकन के गोपनीयता आ ओकर जमा धन के लेके जोखिम पैदा हो सकत बा। ओहिजा, कुछ बैंक औद्योगिक विवाद (संसोधन) कानून के उल्लंघन कर रहल बा। कइयन गो ममिलन में बैंक प्रबंधन के कर्मचारियन के जबरन ट्रांसफर करे के शिकायत समेत आउर मांगन के लेके 19 नवंबर के हड़ताल प जाये के फसीला कइले रहे।

बैंकन द्वारा ग्राहकन के दिहल गइल रहे सूचना

बैंक कर्मचारियन के देशव्यापी हड़ताल के देखत कइयन बैंक अपना ग्राहकन के 19 नवंबर के दिन बैंकिंग सेवा प्रभावित होखला के बारे में एडवांस में सूचित क देले रहे। सार्वजनिक क्षेत्र के बैंक बतवले रहली स कि जदि हड़ताल होत बा त बैंक कर्मचारी ओमे हिस्सा ले सकत बा लो। अइसन हालात में बैंक के ब्रांन्च भा फेर ऑफिस में सामान्य दिनन के तरे चले वाला कामकाज प एकर असर पड़ सकत बा। हालांकि, निजी क्षेत्र के बैंकन में एह हड़ताल से कामकाज प कवनो असर बा पड़े वाला रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]