[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी के इशारा-इशारा में पाकिस्तान के चेतावनी, कहनें तब ले चैन से नाइ बइठब…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आतंकी फंडिंग के खिलाफ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु ‘नो मनी फॉर टेरर’ अंतरराष्ट्रीय मंत्रीस्तरीय सम्मेलन के उद्घाटन कइलें। एह मौका पर केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह भी मौजूद रहनें।
एह दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहनें, ई बड़ बात बा कि ई सम्मेलन भारत में हो रहल बा। ऊ कहनें, दशकन तक हमनीके देश के आतंकवाद  चोट पहुंचावे के कोशिश कइलें, लेकिन हमनीके बहादुरी से एकरे खिलाफ लड़ाई लड़लें।

आतंक के खतम होखले ले चैन से नाइ बइठल जई

प्रधानमंत्री मोदी कहनें, हम तब ले चैन से नाइ बइठब, जब ले आतंकवाद के खात्मा नाइ हो जाला। ऊ कहनें, लमहर समय से आतंकवाद के असर गरीब अउर स्थानीय अर्थव्यवस्था पर पड़ रहल बा, चाहे उ पर्यटन होखे चाहे व्यापार के क्षेत्र। केहू भी ओ इलाका के पसंद नाइ करsला जहां लगातार आतंकवार के खतरा बनल रहे। एसे लोग के रोजी-रोटी छिन रहल बा। ई सबसे अधिक महत्वपूर्ण बा कि हम आतंकवाद के वित्तपोषण के जड़ पर प्रहार करीं।

 

इशारे में पाकिस्तान के घेरलें

प्रधानमंत्री कहनें, आतंकवाद मानवता, स्वतंत्रता अउर सभ्यता पs हमला ह। ई कौनो भी देश के सीमा के नाइ पहिचानेने। ऊ कहनें, अगर आतंकवाद के हरावे के बा त हमनी के एकजुटता अउर शून्य-सहनशीलता के दृष्टिकोण अपनावे के होई। पीएम कहनें, ई सभे जानsला कि आतंकवादी संगठन के कई स्रोत से धन मिलsला। एकर एगो स्रोत कौनो एक देश केनसमर्थन भी बा।
कुछ देश अपने विदेश नीतियन के तहत आतंकवाद के समर्थन करेने।ऊ उनके राजनीतिक, वैचारिक अउर वित्तीय सहायता देनें। उ कहनें, आतंकी फंडिंग के स्रोत में एगो संगठित अपराध ह। एके अलग-थलग कsके नाइ देखल जाए के चाहीं। एह गिरोह के अक्सर आतंकी संगठन से गहिराह संबंध होला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]