Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

501
  1. बिहार: बिहार के उद्योग मंत्री समीर महासेठ के ठिकानन प IT के रेड; पटना आवास आ कंस्ट्रक्शन कंपनी प कारवाई, तेजस्वी बोललें – 2024 तक इहे चलत रही। छापेमारी में 20 अफसरन के टीम, RJD कोटा से नीतीश सरकार में मंत्री बाड़े समीर महासेठ।
  2. बिहार: सोना के कटोरी आ चम्मच वाला ड्रग इंस्पेक्टर: 2 लाख के रिश्वत लेत निगरानी गिरफ्तार कइलस, पटना में छापा मरलस त चउक गइल टीम। छापा में निगरानी के ड्रग इंस्पेक्टर के घर से सोना के कटोरी आ चम्मच मिलल।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी उपचुनाव 2022; CM योगी आदित्यनाथ आ आउर नेता लोगन के संगे UP में प्रचार करिहें रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह। स्टार प्रचारकन में सामिल बा नाम।
  4. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी ममिला- मुस्लिम पक्ष के आपत्ति खारिज, कोर्ट कहलस- परिसर हिंदुअन के सउपे के मांग के केस सुनवाई जोग।
  5. झारखंड: मुख्यमंत्री सोरेन से 6 घंटा से ED कर रहल बिया पूछताछ; मुख्यमंत्री बोलले- 1000 करोड़ के घोटाला संभव नइखे, कारवाई अइसन जइसे देस छोड़े वाला बानी। ED, केंद्र आ राज्यपाल प बरसले सोरेन, केंद्र सरकार गिरावे के कर रहल बा कोसिस।
  6. राहुल गांधी सावरकर के अंग्रेजन के नौकर बतवले, कहलें अंग्रेजन से माफी मंगले रहस: चिट्ठी लिखके कहले रहस कि नौकर बनल रहेम, गांधी-नेहरू अइसन ना कइल लो। राहुल गांधी सावरकर के अंग्रेजन के लिखल चिट्ठी देखवलें।
  7. जेले में रहिहें आप नेता सत्येंद्र जैन: मनी लॉन्ड्रिंग केस में CBI कोर्ट ना देलस जमानत, याचिका खारिज। सुनवाई के अगिला तारीख 29 नवंबर। तिहाड़ जेल में बंद बाड़े आप नेता सत्येंद्र जैन।
  8. नोटबंदी प केंद्र सुप्रीम कोर्ट में जवाब देलस: रिजर्व बैंक से 8 महीना तक विचार-विमर्श के बाद लिहल गइल रहे फसीला। नोटबंदी के तहत 8 नवंबर 2016 के रात 8 बजे से 500 आ 1000 के नोट बंद हो गइल रहे।
  9. अमेरिकी हाउस में ट्रंप के पार्टी के बहुमत: मिड टर्म इलेक्शन में एह हाउस के 218 सीट प मिलल जीत। बाइडेन बोललें – मिलके काम करेम स। 2024 ले US में रहीं विभाजित सरकार।
  10. ऑस्ट्रेलिया से हारल डबल वर्ल्ड चैंपियन: पहिला वनडे में इंग्लैंड के 6 विकेट से हरवलस, मलान के शतक काम ना आइल। भारत के न्यूजीलैंड से बिहान मुकाबला।
383480cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.