[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: आजादी के नायकन के सूची में अब दिग्विजयनाथ, बाबा राघवदास अउर फिराक समेत 21 नाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जंग ए आजादी में महंत दिग्विजयनाथ, बाबा राघवदास, फिराक गोरखपुरी, हनुमान प्रसाद पोद्दार, शिब्बन लाल सक्सेना जइसन शख्सियत के इतिहास के पन्ना पर पढ़े के मिली। गोरखपुर क्षेत्र के अइसन 21 नामन के केंद्रीय संस्कृति मंत्रालय के ओर से तैयार करावल गइल 200 गुमनाम नायकन के सूची में शामिल कइल गइल। संस्कृति मंत्रालय एह नामन के अपने वेबसाइट पर जारी कsके सूची के आधिकारिक स्वीकृति दे देहले बा।

केंद्रीय संस्कृति मंत्रालय के आग्रह पर दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के इतिहास विभाग के आचार्य अउर भारतीय इतिहास अनुसंधान परिषद सदस्य प्रो. हिमांशु चतुर्वेदी तैयार कइले बानें। सूची में गोरखपुर से ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ अउर गोपालनाथ के अलावा हनुमान प्रसाद पोद्दार, गोविंद बली सिंह, राजा हर प्रसाद मल्ल, हरि प्रताप तिवारी, अवधराज तिवारी, विद्याधर शाही, पहाड़ सिंह राजपूत, जगन्नाथ मिश्र अउर फिराक गोरखपुरी के नाम शामिल बा।

उहवें देवरिया से बाबा राघवदास, राजा उदित नारायण सिंह, जगन्नाथ मल्ल, पं. विजयनाथ त्रिपाठी, केशव पांडेय, महावीर लाल श्रीवास्तव, देवता मणि तिवारी, महराजगंज से शिब्बन लाल सक्सेना, संतकबीरनगर से वली मोहम्मद, सिद्धार्थनगर से मेढ़ू खां अउर बस्ती से राजा उदय प्रताप सिंह के नाम एह सूची में शामिल कइल गइल बा।

भारतीय इतिहास अनुसंधान परिषद सदस्य प्रो. हिमांशु चतुर्वेदी कहनें कि केंद्रीय मंत्रालय के भेजल गइल आजादी के गुमनाम नायकन के सूची में कुछ अउर नाम शामिल हो सकsता। प्राथमिक रूप से 200 नाम भेजल गइल बा जेमें 21 नाम तत्कालीन गोरखपुर परिक्षेत्र के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]