Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Big Breaking: BPSC 67वीं प्रीलिम्स परीक्षा के परिणाम जारी, 11607 अभ्यर्थी सफल भइलें 

554

बिहार लोक सेवा आयोग 67वीं प्रीलिम्स परीक्षा के परिणाम आज जारी क देलस। एह परीक्षा में कुल 11607 अभ्यर्थी सफल भइलें। ओहिजा, बीपीएससी के प्रीलिम्स परीक्षा के रिजल्ट ऑफिसियल वेबसाइट bpsc.bih.nic.in प जारी क दिहल गइल।

बता दीं कि बीपीएससी 67 वीं पीटी परीक्षा 8 मई के लिहल गइल रहे। बाकिर ई परीक्षा रद्द क देवे के पड़ल रहे काहेकि प्रश्न पत्र लीक हो गइल रहे। एकरा बाद जांच के लमहर दौर चलल आ 30 सितंबर के दोबारे 67वीं पीटी के परीक्षा फेर से लिहल गइल रहे।

383620cookie-checkBig Breaking: BPSC 67वीं प्रीलिम्स परीक्षा के परिणाम जारी, 11607 अभ्यर्थी सफल भइलें 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.