Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

636
  1. बिहार: चिल्ला-चिल्ला के बोललें नीतीश- तेजस्वी के हैप्पी बर्थड़े बोलल जाव, पटना में मंच प गले लगवलें, लोग से कहलें- हाथ बढ़ाके, खड़ा होके बधाई दिहल जाव। तेजस्वी सीएम नीतीश कुमार के गोड़ छूके आशीर्वाद लेलें।
  2. बिहार: बिहार से पकड़ल गइल महिला ISI एजेंट!: पंजाब के जुवक के हनीट्रैप कइलस, नोयडा में रखलस सामान… 2019 में उत्तराखंड से पकड़ल गइल। खुद के बतावेले एगो यूट्यूबर, साइबर सिक्योरिटी में कइले बिया इंजीनियरिंग।
  3. उत्तर प्रदेश: अयोध्या विवादित ढांचा विध्वंस ममिला; आडवाणी समेत 32 आरोपितन के बरी करे के फसीला के खिलाफ हाईकोर्ट याचिका कइलस खारिज।
  4. उत्तर प्रदेश: मैनपुरी से रमाकांत आ खतौली से रमेश प्रजापति होइहें सुभासपा के प्रत्याशी, ओमप्रकाश राजभर इटावा में कइलें घोषणा।
  5. झारखंड: जमशेदपुर FC के खिलाड़ियन प धन वर्षा, छव खिलाड़ी करोड़पति, चीमा के मिलल 1.6 करोड़ रुपिया। इंडियन सुपर लीग के अइला के बाद से फ़ुटबॉल आ फुटबॉलरन के मिल रहल बा लोकप्रियता।
  6. नीरव मोदी के भारत ले आवे के रस्ता साफ: लंदन हाईकोर्ट कहलस- प्रत्यर्पण के फसीला ना त नाइंसाफी ना एमे कवनो दबाव। नीरव मोदी प मेहुल चौकसी के संगे मिलके पंजाब नेशनल बैंक (PNB) से करीब 14 हजार 500 करोड़ रुपिया के धोखाधड़ी करे के आरोप बा।
  7. संजय राउत साँझ 7 बजे जेल से बहरी अइहें: 102 दिन बाद मिलल जमानत, फसीला के खिलाफ हाईकोर्ट पहुंचल ED, काल्ह होई सुनवाई। मनी लॉन्ड्रिंग के बा ममिला।
  8. भारत के सबसे बड़ तेल सप्लायर बनल रूस: सऊदी अरब आ इराक के पीछे छोड़लस, पाकिस्तान अब तक डिस्काउंट मांग रहल बा। रूस प पछिमी देसन के प्रतिबंध के फायदा भारत के मिलल।
  9. जुकरबर्ग 11 हजार वर्कर्स के नौकरी से निकलले: रेवेन्यू डिपार्टमेंट में गिरावट के बतवले वजह, 18 साल में पहिला बेर एतना बड़ छटनी। फेसबुक, व्हाट्सऐप आ इंस्टाग्राम के पैरेंट कम्पनी मेटा प्लेटफॉर्म्स इंक के अब तक के सबसे बड़ फसीला।
  10. 13 साल बाद वर्ल्ड कप के फाइनल में पाकिस्तान: न्यूजीलैंड के 7 विकेट से हरवलस, बाबर-रिजवान 105 रन के साझेदारी कइल लो। भारत अगर बिहने इंग्लैंड के हरवलस त अतवार के होई भारत-पाक मेगा फाइनल।
375660cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.