Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

किंग चार्ल्स पर फेंकलस अंडा, शख्स भइल गिरफ्तार, महारानी एलिजाबेथ के भी होखे के पड़ल रहे अइसन घटना के शिकार

663

ब्रिटेन के किंग चार्ल्स अउर उनकर पत्नी क्वीन कैमिला पर अंडा फेंके के मामला सोझे आइल बा। दूनों उत्तरी इंग्लैंड में एगो पब्लिक मीटिंग में रहनें लोग जब ई घटना भइल। अंडा उनके लग्गे जा के गिरल।

सोशल मीडिया पर वायरल वीडियो में देखल जा सकsता कि ऊ दूनों एह घटना से एकदम बेफिक्र नजर आ रहल बानें, जब ऊ लोग से मिलत रहनें त एक के बाद एक तीन अंडा उनके तरफ फेंके गइल। पुलिस एह मामले में एगो मनई के हिरासत में लिहल गइल बा, जौन कथित रूप से अंडा फेंकल गइल रहे।

वायरल वीडियो में देखल जा सकsता कि किंग चार्ल्स तीसरा अउर उनकर पत्नी अंडे फेंकले के घटना के बाद भी लोग से मिलत आगे बढ़ रहल बा। किंग चार्ल्स मुस्कुरा भी रहल बा, एह घटना में किंग अउर उनके पत्नी के कौनो नुकसान नाइ भइल बा, ऊ यॉर्क शहर के ऐतिहासिक मिकिलगेट बार के लग्गे रहनें, तब्बे उनका पs अंडा फेंकल गइल, वीडियो में आवाज भी सुनल जा सकsता कि भीड़ ‘गॉड सेव द किंग’ के नारा लगा रहल बा अउर अंडे फेंके वालन के लोग ‘शेम ऑन यू’ कह रहल बानें।

महारानी एलिजाबेथो के होखे के पड़ल रहे शिकार

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक अइसन पहिला बेर नइखे भइल जब चार्ल्स चाहे कौनो रॉयल परिवार के सदस्य के एह तरह के घटना के शिकार होखे के पड़ल रहे। एहसे पहिले 1995 में जब चार्ल्स आयरलैंड के सेंट्रल डबलिन के दौरा पs रहनें। तब्बो उनके एह तरह के घटना के शिकार होखे के पड़ल रहे। चार्ल्स के तब्बो अंडा फेंकल गइल रहे। एतना ही नाइ, महारानी एलिजाबेथ के भी एह तरह के घटना के शिकार होखे के पड़ल रहे. सेंट्रल इंग्लैंड के नोटिंघम में प्रदर्शन कs रहल कुछ लोग महारानी के कार पर अंडा फेंकले रहे।

375710cookie-checkकिंग चार्ल्स पर फेंकलस अंडा, शख्स भइल गिरफ्तार, महारानी एलिजाबेथ के भी होखे के पड़ल रहे अइसन घटना के शिकार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.