Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

927
  1. बिहार: छठ महापर्व के दूसरा दिने घाटन प उमड़ल भीड़; पटना समेत कई जिलन में गंगाजल लेवे पहुंचल लोग, बन रहल बा खरना के प्रसाद। गंगाजल से बनेला गुड़ के खीर।
  2. बिहार: समस्तीपुर में SBI ब्रांच से 2.5 लाख के लूट; 6 बदमाश अइले स, कैश के संगे ग्राहक से 50 हजार, महिला से गोल्ड चेन छिनले स। करपुरीग्राम के SBI ब्रांच से भइल लूटपाट।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में साइबर क्राइम प कसी शिकंजा, नशा के कारोबारो प लागी अंकुश। हर जिला में साइबर थाना खुलला से एक जगह दर्ज होई केस।
  4. उत्तर प्रदेश: जिला अस्पताल बाराबंकी में डिप्टी सीएम ब्रजेश पाठक कइलें निरीक्षण, भोजन में गुणवत्ता ना मिलला प लगवले फटकार। भोजन परोसे वाली एजेंसी के एक दिन के 20% धनराशि काटे के निरदेस देलें।
  5. झारखंड: आपस में भिड़ल लो सरयू राय आ रघुवर दास के समर्थक; जमशेदपुर में चलल कुर्सी आ लाठी-डंटा, मंदिर में आमने सामने रहे दुनो लोग के कार्यक्रम।
  6. 8 दिन में 17 डिग्री तक आई पारा: 10 राज्यन में बढ़ी ठिठुरन, 4 महीना पड़ी कड़ाका के सर्दी, अगिला हफ्ता से गुजरात, राजस्थान, मध्यप्रदेश, बिहार, झारखंड आ उत्तर प्रदेश में हो जाई ठंडा के सुरुआत।
  7. फिलीपींस में बाढ़ आ भूस्खलन से 72 लोगन के मौत: 33 घायल आ 14 लापता, मैगुइण्डानाओ प्रान्त बा सबसे जादे प्रभावित।
  8. दुनियाभर में ड्रोन से आतंकी हमलन के खतरा: UNSC में जयशंकर बोलले- आतंकियन द्वारा इंटरनेट के हथियार बनावल गइल बा, एसे प्रोपेगैंडा फइला रहल बाड़ें आतंकी।
  9. कोयम्बटूर ब्लास्ट के तार ISIS से जुड़ल: गिरफ्तार आतंकी कबूललस ऊ श्रीलंका के ईस्टन ब्लास्ट के अरोपियन मिल चुकल बा।
  10. फ्लॉप केएल राहुल के फेर मिली मौका: बैटिंग कोच विक्रम राठौड़ बोललें- ऋषभ पंत निम्मन खिलाड़ी, बाकिर अभी उनकर जगह नइखें, बिहान भारत साउथ अफ्रीका से जीतल त सेमीफाइनल लगभग पक्का हो जाई।
365750cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.