[the_ad_group id="30365"]

देश के स्टील मैन जमशेद जे ईरानी के निधन, 86 साल के उमिर में लेहलें अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के स्टील मैन कहल जाए वाले जमशेद जे ईरानी एह दुनिया के अलविदा कह दिहल गइल बा। ऊ सोमार (31 अक्तूबर) रात जमशेदपुर में अंतिम सांस लिहलें। उ 86 साल के रहलें। ई जानकारी टाटा स्टील के ओर से देहल गइल।

टाटा स्टील के ओर से जारी बयान में बतावल गइल, ‘स्टील मैन ऑफ इंडिया अब नाइ रहलें। पद्म विभूषण डॉ. जमशेद जे ईरानी के निधन के जानकारी देत टाटा ग्रुप बेहद दुखी बानें। ऊ 31 अक्तूबर के रात 10 बजे जमशेदपुर में अंतिम सांस लिहलें।’ बता देईं कि ईरानी जून 2011 में टाटा स्टील के बोर्ड से सेवानिवृत्त भइल रहलें।

जीजी ईरानी अउर खुर्शीद ईरानी के घर में 2 जून 1936 के दिन जनम लेवे वाले जमशेद 1956 में नागपुर के साइंस कॉलेज से बीएससी कइले रहनें। उहवें, ऊ नागपुर विश्वविद्यालय से 1958 में एमएससी पूरा कइलें। एकरे बाद उ जेएन टाटा स्कॉलर के रूप में ब्रिटेन के यूनिवर्सिटी ऑफ शेफील्ड गइलें अउर 1960 में मास्टर्स कंप्लीट कइलें। एकरे अलावा 1963 में उनकर पीएचडी भइल।

गौर करे वाला बात बा कि जमशेद ईरानी अपने प्रोफेशनल करियर के शुरुआत ब्रिटिश आयरन एंड स्टील रिसर्च असोसिएशन के साथ 1963 में कइलें, लेकिन उनकर सपना हमेशा देश के तरक्की में योगदान देहलें। ऊ 1968 में भारत लौटलें अउर टाटा आयरन एंड स्टील कंपनी के स्थापना कइलें, जेके आजु टाटा स्टील के नाम से जानल जाsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]