[the_ad_group id="30365"]

CTC: आतंकवाद से लड़ाई खातिर दिल्ली डेक्लेरेशन प होई हस्ताक्षर, UN में भारतीय प्रतिनिधि के बड़ एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विश्व में आतंकवाद के नया चुनौतियन के खिलाफ कार्रवाई के लेके विचार-विमर्श खातिर संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के आतंकवाद विरोधी समिति (CTC) के दूसरा दिन के विशेष बैठक राजधानी दिल्ली में भइल। एह बैठक के दौरान संयुक्त राष्ट्र में भारत सरकार के स्थायी प्रतिनिधि आ आतंकवाद विरोधी समिति के अध्यक्ष रुचिरा कंबोज कहली कि एकर मुख्य उद्देश्य आतंकवादी समूहन द्वारा नया आ उभरत प्रौद्योगिकियन के दुरुपयोग प चर्चा कइल रहे। जेमें सूचना आ संचार प्रौद्योगिकियन के संगे आतंक आ ड्रोन सहित मानव रहित हवाई प्रणाली प विशेष रूप से चरचा कइल गइल। एह दौरान ऊ इहो कहली कि आतंकवाद से निपटे खातिर सदस्य देशन द्वारा भारत के घोषणा के अपनावल जाई

भारत करी बड़ घोषणा

संयुक्त राष्ट्र में भारत सरकार के स्थायी प्रतिनिधि रुचिरा कम्बोज आगे कहली कि आतंकवाद से निपटे खातिर भारत एगो घोषणा करी, जे सदस्य राज्यन के आतंकवाद के खतरा के मुकाबला करे खातिर सहयोगी आ सामूहिक रूप से काम करे खातिर प्रोत्साहित करी। भारत के ई घोषणा गैर-बाध्यकारी मार्गदर्शक सिद्धांतन प आधारित होई।

एकरा पहिले आज, रुचिरा कंबोज अपना उद्घाटन भाषण में आतंकवादियन द्वारा इस्तेमाल कइल जा रहल नया तकनीक के खतरन प अंजोर डलली। ऊ कहली कि शांति आ सुरक्षा खातिर आतंकवाद सबसे गंभीर खतरन में से एगो बनल बा। प्रौद्योगिकी के बढ़त प्रसार आ डिजिटलीकरण में तेजी से बढ़न्त के संगे, आतंकवादी उद्देश्यन खातिर नया आ उभरत प्रौद्योगिकियन के उपयोग के संबोधित कइल बढ़त चिंता के विषय बन गइल बा।

हाल के बरिसन में बढ़ गइल बा तकनीक के इस्तेमाल 

ओहिजा, विदेश मंत्री एस जयशंकर कहलें, हाल के बरिसन में आतंकवादी संगठन तकनीकि के इस्तेमाल क के अपना क्षमता के बढ़वले बाड़े स। आतंकवादी तेजी से इंटरनेट आ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के उपयोग कर रहल बाड़े स, जवना के माध्यम से ऊ समाज के अस्थिर करे के उद्देश्य से कट्टरता फइला रहल बाड़े स। ऊ कहलें, विशेष रूप से एशिया आ अफ्रीका में आतंकवाद के खतरा बढ़त जा रहल बा।

भारत दिही पांच लाख अमेरिकी डॉलर

ओहिजा, विदेश मंत्री एस जयशंकर एह दौरान कहलें कि आतंकवाद के मुकाबला करे खातिर भारत संयुक्त राष्ट्र ट्रस्ट फंड फॉर काउंटर टेररिज्म में 500,000 अमरीकी डालर के योगदान दी। ऊ कहलें, भारत आतंकवाद विरोधी संस्था के प्रयासन के बल देवे खातिर एह साल संयुक्त राष्ट्र ट्रस्ट फंड फॉर काउंटर टेररिज्म में आधा मिलियन डॉलर के स्वैच्छिक योगदान दी।

भारत संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद (यूएनएससी) के दु दिन के आतंकवाद विरोधी बैठक के मेजबानी कइलस। ई बैठक आज समाप्त हो गइल। दु दिन के सम्मेलन में 28 अक्टूबर के पहिला दिन मुंबई में आ ओकरा अगिला दिन माने आज दिल्ली में बैठक भइल। संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के आतंकवाद विरोधी समिति भारत में होखे वाला सम्मेलन में इंटरनेट, नया ऑनलाइन भुगतान तंत्र आ मानव रहित हवाई प्रणालियन के उपयोग करे वाला आतंकी समूहन से निपटला के तरीकन प चरचा कइल गइल। भारत वर्तमान में सुरक्षा परिषद आतंकवाद विरोधी समिति के अध्यक्ष बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]