[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: प्रशांत किशोर के तेजस्वी यादव प हमला- नौंवी पास के चपरासी के नौकरी ना मिलेला, लालू के बेटा हवे एहिसे बनल बाड़ें उपमुख्यमंत्री। जन सुराज यात्रा के दौरान लोगन से बातचीत करत रहले पीके। जानल मानल राजनीतिक रणनीतिकार हवे पीके।
  2. बिहार: नीतीश सरकार के अपराधियन के खुला चुनौती, प्रदेश जेडीयू अध्यक्ष उमेश कुशवाहा के पेट्रोल पंप से लूट। महनार के महिंदवाड़ा में भइल वारदात। पुलिस जांच में जुटल, गाड़ी सवार अपराधियन के बा तलाश।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी केस – तीन ममिलन में टलल सुनवाई, पीठासीन अधिकारियन के छुट्टी प होखला के वजह से सुनवाई के तारीख आगे बढ़ल।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी पहुंचले प्रयागराज, खेल महोत्सव के समापन समारोह में खेलाड़ियन के करिहें सम्मानित।
  5. झारखंड: दुमका पेट्रोल कांड में युवती के मौत प सीएम हेमंत सोरेन गंभीर, 10 लाख रुपिया के सहायता राशि देवे के निरदेस। परिजन लगा रहल बाड़ें न्याय के गुहार, पेट्रोल छिड़क के युवती के जरवले रहे युवक।
  6. गिरावट में बंद भइल शेयर बाजार: सेंसेक्स 30 अंक गिरके 58,191 प बंद भइल, निफ्टी 15 अंक टूटल, बैंक आ ऑटो के शेयर गिरल।
  7. छत्तीसगढ़ सीएम बघेल के दौरा से पहिले नक्सलियन द्वारा कांकेर में कइल गइल IED ब्लास्ट, BSF के जवान घायल।
  8. केंद्र CJI के उत्तराधिकारी बतावे के लेके लिखलस पत्र: 8 नवंबर के रिटायर होइहें चीफ जस्टिस; डीवाई चंद्रचूड़ हो सकत बाड़ें 50 वां CJI, सबसे छोट कार्यकाल वाला छठा CJI बाड़ें ललित, मात्र 74 दिन के बा कार्यकाल।
  9. नोबेल पीस प्राइज 2022: एक व्यक्ति आ दु गो संघठन के शांति के नोबेल पुरस्कार के घोषणा। बेलारूस के ह्यूमन राइट्स एक्टिविस्ट आलिस चुनल गइले। रशियन ह्यूमन राइट्स ऑर्गनाइजेशन मेमोरियल आ युक्रेनियन ह्यूमन राइट्स ऑर्गनाइजेशन सेन्टर फ़ॉर सिविल लिबर्टीज के दिहल जाई एह साल के पुरस्कार।
  10. भारत 6 साल में पहिला बेर पाकिस्तान से हारल: विमेंस एशिया कप टी-20 में पाक 13 रन से हरवलस, निदा डार खेलली 56 रन के पारी। भारत ना हासिल कर सकल 138 रन के लक्ष्य।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]