[the_ad_group id="30365"]

बेलारूस के मानवाधिकार कार्यकर्ता के दिहल जाई शांति के नोबेल, रूस-यूक्रेन के दू संस्था भी चुनल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नोबेल शांति पुरस्कार 2022 के एलान क दिहल गइल बा। एह बेर एगो व्यक्ति अउरी दू संस्था के नोबेल के शांति पुरस्कार दिहल जाई। बेलारूस के मानवाधिकार कार्यकर्ता एलेस बियालियात्स्की (Ales Bialiatski) के अलावा दू संस्था मेमोरियल (Memorial) अउर सेंटर फॉर सिविल लिबर्टीज (Center for civil Liberties) के नाम के एलान कइल गइल बा। इमनें मेमोरियल रूस में काम क रहल बा त सेंटर फॉर सिविल लिबर्टीज यूक्रेनी संस्था ह।

ई शांति पुरस्कार विजेता युद्ध अपराध, मानवाधिकार के हनन अउर सत्ता के दुरुपयोग के दस्तावेजीकरण कइलें। सथही शांति अउरी लोकतंत्र के स्थापना खातिर नागरिक समाज के महत्व पर जोर दिहलें। विजेता लोग अपने देश में वर्षों से आलोचना के अधिकार के साथ ही जनता के मूल अधिकारन के वकालत कइल।

के ह एलेस बियालियात्स्की?

बेलारूसी मानवाधिकार कार्यकर्ता एलेस बियालियात्स्की 1980 के दशक में लोकतांत्रिक आंदोलन शुरू करे वालन में से एक बानें। 1996 में उ Viasna संगठन के स्थापना कइलें। उ सारा जीवन राजनीतिक कैदियन के खिलाफ होखे वाले अत्याचार, देश में लोकतंत्र के स्थापना अउर शांतिपूर्ण विकास खातिर समर्पित कइलें।

मेमोरियल के बारे में जानीं

पूर्व सोवियत संघ के मानवाधिकार कार्यकर्ता के ओर से 1987 में एह संस्था के स्थापना कइल गइल रहे। संस्था के मुख्य उद्देश्य कम्युनिस्ट शासन के पीड़ित लोग के मदद कइल अउरी चेचन्या युद्ध में कइल गइल अत्याचार के आवाज दुनिया ले पहुंचावल रहे।

का ह द सेंटर फॉर सिविल लिबर्टीज

यूक्रेनी नागरिक समाज के संगठित अउर मजबूत करे खातिर एह संस्था के स्थापना कइल गइल रहे। फरवरी, 2022 मे रूसी हमला के बाद ई संस्था रूसी युद्ध अपराध के पहचान करे अउर उनके खिलाफ सबूत इकट्ठा करे के काम कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]