[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: मूर्ति विसर्जन में पटाखा फोड़त-फोड़त आइल मौत, वीडियो वायरल; सीवान में समिति पटाखा फोड़े खातिर बोलवले रहे, अचानके हाथ में फाटल। हादसा के लाइव तस्वीर सोझा आइल, इंटरनल ब्लीडिंग के वजह से भइल मौत। मृतक के 4 गो बेटी आ 3 गो बेटा।
  2. बिहार: आरजेडी के बिहार प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के इस्तीफा प सस्पेंस!; बेटा सुधाकर के इस्तीफा के बलिदान बताके जता चुकल बाड़े नाराजगी। जगदानंद सिंह बतवले बाड़े इस्तीफा के बात के बेकार बात।
  3. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी आदित्यनाथ के ऐलान – प्रयागराज में खेल सुविधा बढ़ावे प एक अरब रूपिया खरच कइल जाई। कहले- सुविधा बढ़ला से अब प्रयागराज के खेल के दुनिया में चरचा होखे लागल बा।
  4. उत्तर प्रदेश: भारतीय कंपनी के कफ सिरप प प्रतिबंध के बाद यूपी में अलर्ट; डिप्टी सीएम ब्रजेश पाठक देले सख्त निरदेस। दक्षिण अफ्रीकी देश गाम्बिया में लईकन के मौत के बाद मैडेन फार्मा कंपनी के 4 कप सिरप प लागल बा प्रतिबंध।
  5. झारखंड: झारखंड के सरकारी कर्मचारियन खातिर बड़ खुशखबरी, बढ़ी 4 प्रतिशत DA, कैबिनेट के लगे भेजल गइल प्रस्ताव। 500 से 9500 तक होई तनखाह में वृद्धि।
  6. बस में आग लगला से 11 लोग जिंदा जरल , 38 जख्मी:बस यवतमाल से मुंबई जात रहे, ज्यादातर लोग खिड़की से कूदके जान बचावल। मात्र 20 मिनट में जर के राख हो गइल बस। दुर्घटना सबरे 4:30 भइल। बस में 45 से 50 लोग सवार रहे।
  7. दिवाली से पहिले महंगा भइल सीएनजी: दिल्ली-एनसीआर सहित कई राज्यन में कीमत 3 रूपिया बढ़ल, नाया रेट आज सबेरे 6 बजे से लागू। पीएनजीयो 3 रूपिया महंगा भइल।
  8. बांग्लादेश में हिन्दू मंदिर प हमला: कट्टरपंथी काली मंदिर में मूर्ति तुड़ले, आधा किलोमीटर दूर मिलल मूर्ति, ब्रिटिश काल के बनल ह मंदिर, आरोपियन के तलाश में जुटल पुलिस, दुर्गापूजन के समापन के बाद तोड़फोड़।
  9. आज चंडीगढ़ में एयरफोर्स के नेशनल एयर शो: राष्ट्रपति मूर्मु के संगे 30 हजार से बेसी लोग रही मवजूद, एयरफोर्स आपन नया ड्रेसो लॉन्च करी…दिल्ली से एही साल चंडीगढ़ शिफ्ट भइल एयरशो।
  10. गांगुली ना लड़िहें चुनाव, रोजर बिन्नी बन सकेले नया अध्यक्ष: BCCI के एजीएम 18 अक्टूबर के होई। 1983 विश्व विजेता टीम के हिस्सा रहल बाड़े बिन्नी। चीफ सलेक्टर के पद प रह चुकल बाड़े।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]