[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: लालू बोलले- हम आ नीतीश राहुल से मिलेम लो, RJD के बैठक में कहले- शाह आ रहल बाड़े, हमनी के चौकन्ना रहे के बा। कार्यकर्ता लोगन के देले नसीहत, हुड़दंग मत देखावल जाव। 23 सितंबर के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के दु दिवसीय बिहार दौरा बा।
  2. बिहार: गैंगरेप के बाद नाबालिग के गर दबा हत्या के कोसिस, हालात गंभीर; बेतिया में मरल समझके छोड़के भगले स, बोल नइखे पावत 14 बरिस के पीड़िता। GMCH में चल रहल बा इलाज। ममिला जिला के मुफ्फसिल थाना क्षेत्र के ह।
  3. उत्तर प्रदेश: जिला असप्ताल के मोर्चरी में राखल लाश के खा गइले स चूहा; गोरखपुर में भाई बोलल- हमार दुर्भाग्य बा, हम सीएम सिटी में रहेनी। CMO डॉ० आशुतोष कुमार दुबे मौका प पहुंचले।
  4. उत्तर प्रदेश: माफिया मुख्तार अंसारी के 7 साल के सजा; जेलर प पिस्टल तानके जान से मारे के धमकी देवे के ममिला में लखनऊ हाईकोर्ट सुनवलस सजा। संगही लगावल गइल 25 हजार के जुर्माना। प्रयागराज एमपी/ एमएलए कोर्ट में 10 आउर मुकदमन के चल रहल बा ट्रायल।
  5. झारखंड: झारखंड के बूढ़ा पहाड़ नक्सलियन से मुक्त, सुरक्षा बलन द्वारा 4 नक्सलियन के मार गिरावल गइल। नक्सलियन के गढ़ मानल जाला बूढ़ा पहाड़ के। सुरक्षा बलन खातिर बूढ़ा पहाड़ प बनावल गइल बा स्थाई कैंप। सीआरपीएफ के डीजी कुलदीप सिंह देल जानकारी।
  6. मशहूर कमेडियन राजू श्रीवास्तव के दिल्ली AIIMS में निधन: हार्ट अटैक के बाद 42 दिन से चल रहल बा इलाज, काल्ह दिल्ली में सबेरे 9:30 बजे अंतिम संस्कार। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ यूपी सीएम समेत कइयन गो बड़ हस्ती जतावल राजू श्रीवास्तव के निधन प शोक।
  7. गहलोत अध्यक्ष बनले त छोड़े के होई सीएम के पद: दिग्विजय सिंह बोलले- उदयपुर में बनल रहे एक व्यक्ति एक पद के फॉर्मूला। जयराम रमेश बोलले- राहुल कांग्रेस अध्यक्ष ना बनिहें, 30 सितंबर तक राहुल गांधी यात्रा प, 23 सितंबर के सोनिया से मुलाकात में नया अध्यक्ष के नाम प चरचा कर सकेले संभव।
  8. 3 लाख सैनिकन के भरती करिहें पुतिन: कहले- NATO एटमी हमला के धमकी देलस, देश के हिफाजत खातिर कवनो हद तक जाएम। युक्रेन के 4 हिस्सन प कब्जा करे के कोसिस में बा रूस।
  9. PM केयर्स फंड के ट्रस्टी बनले रतन टाटा: अमित शाह आ निर्मला सीतारमण बा लो एकर सदस्य, कोरोना महामारी के दौरान बनल रहे।
  10. इंग्लैंड में होई दु गो आउर वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल: ICC कइलस घोषणा, 2021 के फाइनल में भारत के मिलल रहे हार। वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप 2021-23 के फाइनल जून 2023 में द ओवल ग्राउंड आ अगिला चैंपियनशिप के फाइनल के मेजबानी लंदन के लॉर्ड्स क्रिकेट ग्राउंड के।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]