[the_ad_group id="30365"]

पुतिन रूस में सैन्य लामबंदी के देहलें आदेश, तीन लाख रिजर्व सैनिकन के बोलवलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुतिन रूस में सैन्य लामबंदी के देहलें आदेश, तीन लाख रिजर्व सैनिकन के बोलवलें

यूूक्रेन जंग के बीच रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन आज देश में सैन्य लामबंदी के आदेश दे दिहलें। उ आरोप लगवलें कि पश्चिमी देश रूस के तबाह अउरी कमजोर करे के साजिश रच रहल बा। ई देश हद पार कs देहले बा। एकरे सथही पुतिन पश्चिमी देशन के चेतावनी भी देहलें।

रूसी समाचार एजेंसी आरटी पुतिन के हवाले से ई बात कहलस। आरटी के अनुसार पुतिन कहलें कि पश्चिमी देश रूस के तूड़े आ ख़तम कइलें के बोलावा दे रहल बानें लेकिन हम वतन के भविष्य सुरक्षित करे खातिर ई कदम उठा रहल बानीं। विशेष सैन्य अभियान ‘यूक्रेन जंग‘ के हमार लक्ष्य अपरिवर्तित बा। पुतिन कहलें कि यूक्रेन के लुहांस्क पीपुल्स रिपब्लिक (LPR) के मुक्त करा लिहल गइल बा अउर डोनेत्स्क पीपुल्स रिपब्लिक डीपीआर (DPR) के भी आंशिक रूप से मुक्त करा लिहल गइल बा।

पश्चिमी देश के पुतिन के चेतावनी

एकरे सथही पुतिन पश्चिमी देश के चेतावनी देहलें कि अगर क्षेत्रीय अखंडता के खतरा पैदा भइल त रूस सब उपलब्ध साधन के उपयोग करी। एके कौनो झांसा नाइ समझल जाव। अपने देश के सैन्य मोर्चाबंदी के आदेश पs पुतिन दस्तखत कs देहले बानें अउरी ई आज से ही लागू हो जाई। रूस के रक्षा मंत्री कहलें कि देश में 3,00,000 रिजर्व सैनिकन के तैनात कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]