[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: नया शिक्षक भर्ती नियमावली के वित्त से अनुमति, अब कैबिनेट के स्वीकृति खातिर  भेजल जाई, शिक्षक संघ ट्रांसफर के नियम में बदलाव के मांग कइलस। दिसंबर के अंत भा नया साल में शुरू हो सकेला सकेला 7वां चरण के प्रक्रिया।
  2. बिहार: CM नीतीश के गढ़ में चिराग पासवान के हुंकार, आज से LJP (रामविलास) के प्रशिक्षण शिविर, चिराग के सीएम बनावे खातिर तइयार होइहें पिच। चुनाव खातिर मिशन मोड में काम करी पार्टी।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी के इटावा में बरखा के वजे से दु जगे देवाल गिरला से 6 लोगन के मौत। जिलाधिकारी देले लगातार बरखा के वजे से 3 दिन स्कूल बंद करे के आदेश।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी असेम्बली सेसन-2022; विधानसभा में वित्त मंत्री सुरेश कुमार खन्ना बोलले- नया पेंशन स्कीम जादे फायदेमंद। कहले एहमे 8 के बजाय 9.45 प्रतिशत मिल रहल बा रिटर्न।
  5. झारखंड: कैश कांड- कांग्रेस के तीन विधायकन के रद्द हो सकेला सदस्यता, कोर्ट में सुनवाई आज। 49 लाख रुपिया के संगे कोलकाता से गिरफ्तारी के बाद तीनों विद्यायकन के सशर्त जमानत मिलल बा।
  6. 10 राज्यन में PFI के ठिकानन प NIA के रेड: 100 वर्कर्स अरेस्ट, छापेमारी के विरोध में मंगलुरु-केरल में सड़क प उतरल संगठन के लोग। टेरर फंडिंग के आरोप में हो रहल बा कार्रवाई। 200 से बेसी अधिकारी बा लो रेड में शामिल।
  7. ईरान में हिजाब के खिलाफ पर्दशन 15 शहरन में फइलल: पुलिस से बाचे खातिर सीक्रेट मैसेज चला रहल बा लो युवा, छात्रा लोग कक्षा के बहिस्कार कइल। पुलिस अभी ले 1000 से बेसी लोगन के क चुकल बिया गिरफ्तार।
  8. कांग्रेस अध्यक्ष पद चुनाव खातिर नोटिफिकेशन आज: 30 सितंबर तक नामांकन, जरूरत पड़ी त 17 अक्टूबर के मतदान। नामांकन दाखिल करे के प्रक्रिया 24 से 30 सितंबर तक चली। कांग्रेस सांसद शशि थरूर आ राजस्थान के मुख्यमंत्री अशोक गहलोत चुनावी दौड़ में बा लो।
  9. ABG शिपयार्ड के चेयरमैन गिरफ्तार: ऋषि अग्रवाल प 22,842 करोड़ के फ्रॉड के आरोप, CBI डेढ़ साल के जांच के बाद दर्ज कइले रहे FIR। बैंकन के 22,842 करोड़ के बा बकाया। NPA घोषित हो चुकल बा लोन।
  10. 23 बरिस के बाद भारत के इंग्लैंड में सीरीज जीत: भारतीय महिला टीम अंग्रेज टीम के 88 रन से मात देलस, हरमनप्रीत खेलली 143 रन के धमाकेदार पारी। पहिले बैटिंग करत 333 रन बनवले रहे भारत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]