[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: BPSC के 67वीं PT के तारीख फेर बढ़ल, अब 21 ना 30 सितंबर के होई परीक्षा, पहिले पेपर लिक भइला के चलते 8 मई के पेपर केंसिल हो गइल रहे।
  2. बिहार: बिहार में नगरपालिका चुनाव के ऐलान, 10 आ 20 अक्टूबर के होई वोटिंग, काउंटिंग 12 आ 22 अक्टूबर के, वोटिंग ईवीएम से होई।
  3. उत्तर प्रदेश: कानपुर में लागी बॉलीवुड हस्तियन के तड़का, ग्रीन पार्क में जलवा बिखेरिहें नोरा फतेही आ श्रद्धा कपूर। रोड सेफ्टी वर्ल्स सीरीज टी-20 के आगाज 10 सितंबर के।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में इनकम टैक्स के रेड, छोट राजनीतिक दल कs रहल बाड़ी सs करिया धन के उजर, आईटी के छापा में भइल खुलासा। 1000 करोड़ से बेसी कालाधन भइल बा उजर।
  5. झारखंड: रांची एयरपोर्ट के ममिला, दिल्ली से रांची पहुंचल बेमार मरीज के चादर में टांग के एम्बुलेंस तक पहुंचावे के पड़ल, ना मिल सकल स्ट्रेचर।
  6. साइरस मिस्त्री के मर्सिडीज कार 89 KMPH पs पुल से टकराइल: हाइवे पs 100 KMPH के स्पीड से दउरत रहे, हादसा के पांच सेकेंड पहिले डॉक्टर अनायाता पंडोले लगवले रहली ब्रेक।
  7. ब्रिटेन में 12 आ भारत में 1 दिन के शोक: पति के के कब्र के बगल में दफनावल जइहें एलिजाबेथ, 4 दिन अंतिम दर्शन खातिर राखल जाई शव।
  8. क्लीर्ज क्लब के गिरावे पs सुप्रीम कोर्ट के स्टे: सब कमर्शियल एक्टिविटीयन पs रोक लगवलस। इहें सोनाली फोगाट के ड्रग्स दिहल गइल रहे।
  9. केजरीवाल सरकार के कॉलेजन में फंड के कमी: असिस्टेंट आ एसोसिएट प्रोफेसरन के सैलरी में 30 हजार से 50 हजार रुपिया के कटौती।
  10. रविन्द्र जडेजा के चोट के लेके बड़ खुलासा: एशिया कप के दौरान बिना इजाजत करे गइलें एडवेंचर एक्टिविटी, घुटना मुड़ गइल। एशिया कप से बाहर होखला के बाद अब विश्व कप से हो सकत बाड़ें बाहर, घुटना के सर्जरी भइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]