[the_ad_group id="30365"]

ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के देहांत हो गइल बा। ऊ पिछले कुछ समय से बीमार रहली। 96 बरिस के क्वीन एलिजाबेथ-II फिलहाल स्टॉकलैंड के बाल्मोरल महल में रहली। उहवें उनक निधन भइल। महारानी के बाद अब उनके बेटा चार्ल्स ब्रिटेन के राजा होइहें। शाही परिवार एगो बयान में कहलस, ‘द किंग एंड द क्वीन कंसोर्ट बाल्मोरल में रहिहें। बिहान लंदन लौटिहें।

एसे पहिले पैलेस कहलस कि डॉक्टरन के उनके स्वास्थ्य पर चिंता व्यक्त कइलें के बाद महारानी एलिजाबेथ बाल्मोरल में डॉक्टर्स के देखरेख में रहली। पैलेस के आधिकारिक बयान में कहल गइल, ‘आजु सुबह आगे के जांच के बाद डॉक्टर महारानी के स्वास्थ्य खातिर चिंतित बानें। उनके चिकित्सकीय देखरेख में रखले के सलाह दीहल गइल बा।

लमहर समय ले शासन प्रमुख रहली

महारानी के जन्म 21 अप्रैल 1926 के लंदन के मेफेयर में 17 ब्रूटन स्ट्रीट में भइल रहल। ऊ द ड्यूक एंड डचेस ऑफ यॉर्क की पहिला संतान रहली, जे बाद में किंग जॉर्ज VI अउर क्वीन एलिजाबेथ बनली। 6 फरवरी, 1952 के ब्रिटिश साम्राज्य के शासक बनली महारानी एलिजाबेथ कुल 70 साल अउर 211 दिन ले सिहासन पर रहली। ऊ दुनिया के सबसे लमहर समय ले शासन प्रमुख रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]