[the_ad_group id="30365"]

विलियम बनलें प्रिंस ऑफ वेल्स अउर कैथरिन प्रिंसेस, किंग चार्ल्स दूनों के प्रति प्यार जता के कहलें ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रिटेन में महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के मौत के बाद शाही परिवार के अहम पद पर नया सिरे से ताजपोशी कइल गइल बा। प्रिंस चार्ल्स अब किंग बन गइल बानें अउरी उनका जगह उनके लइका विलियम के प्रिंस ऑफ वेल्स अउर विलियम के पत्नी कैथरीन के प्रिंसेस ऑफ वेल्स बनावल गइल बा। किंग चार्ल्स बकिंघम पैलेस से अपने पहिले राष्ट्र के नाम संबोधन में अपने छोट बेटा प्रिंस हैरी अउरी उनकर पत्नी मेगन के भी याद कइलें।

बकिंघम पैलेस के बहरा सैकड़ों लोग महारानी के निधन पर शोक जतावे एकट्ठा भइल रहलें। संबोधित करत किंग चार्ल्स कहलें कि उनके विलियम के प्रिंस ऑफ वेल्स बनवला पर गरब बा। ई दूनों अब उनके राष्ट्रीय मसला पर राय दीहें। चार्ल्स कहलें कि उनके उनकर माई महारानी एलिजाबेथ 1958 में मात्र नौ साल के उमिर में ई पद दिहले रहली। अब ले प्रिंस ऑफ वेल्स रहल चार्ल्स महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के बड़ बेटा हवें। उनकर जनम 1948 में भइल रहे। ऊ ब्रिटिश शाही परिवार में महारानी के बाद राजगद्दी के पहिला उत्तराधिकारी हवें। चार्ल्स 29 जुलाई 1981 के लेडी डायना स्पेंसर से बियाह कइले रहलें। दूनों के दू बेटा विलियम अउर हैरी हवें।

1996 में चार्ल्स अउर डायना दूनों अलग हो गइल रहलें। 1997 में पेरिस में भइल एगो कार हादसा में प्रिंसेस ऑफ वेल्स डायना के मौत हो गइल। बाद में नौ अप्रैल 2005 के चार्ल्स कैमिला पार्कर से बियाह क लिहलें रहनें। महारानी एलिजाबेथ द्वितीय के निधन के बाद चार्ल्स के राजा घोषित कs दिहल गइल बा। चार्ल्स एह समय 73 बरिस के बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]