[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: नाव हादसा; गंगा में टकराइल 2 गो नाव, 3 दिन बादो 8 लोग लापता, पटना में अब ले 2 शव निकालल गइल, तेज बहाव के चलते रेस्क्यू में हो रहल बा परेसानी।
  2. बिहार: नीतीश पुछले- RCP के हैसियत का बा? दिल्ली में बोलले- का घटिया नाम ले लेनी, हम लेके आइल रहनी राजनीति में। मीडिया के देले नसीहत- आगे से अब उनकर नाम हमरा सोझा मत लेब सभे।
  3. उत्तर प्रदेश: होटल लेवाना केस, होटल लेवाना अग्निकांड में दु गो मालिक सहित जीएम के भेजल गइल जेल, मुख्यमंत्री के सउपल जाई रिपोर्ट।
  4. उत्तर प्रदेश: मऊ में मुख्तार अंसारी के करीबी के 46.71 करोड़ के अर्जित कइल गइल संपत्ति के गैंगेस्टर एक्ट के तहत कुर्क करे के आदेश।
  5. झारखंड: बैंक में डकैती करे गइल रहले सs बदमाश, एनकाउंटर में एगो ढ़ेर, धनबाद में पुलिस के देख फायरिंग करे लागल; 2 बदमाश पकड़ल गइलें, 2 फरार।
  6. केरल, कर्नाटक, आंध्र में भारी बरखा के अलर्ट: बेंगलुरु में आईटी वर्कर्स ट्रेक्टरन से जा रहल बा लो ऑफिस, पानी मे गिरल लईकी के करेंट लगला से मौत।
  7. सोरेन सरकार के बहुमत… मुख्यमंत्री के विधायकी पs संशय जारी: आज रांची लवट सकेले राज्यपाल, 7 सितंबर तक CM पs फसीला संभव।
  8. साइरस मिस्त्री के अन्तिम संस्कार: मुंबई में पारसी रीति-रिवाज से भइल रस्म, प्राथना सभा में भजन आ गायिकी मंत्र के पाठ भइल।
  9. मिस्टर आईपीएल सुरेश रैना क्रिकेट से सन्यास लेले: आईपीएल आ घरेलू क्रिकेट में अब ना लउकिहे, अगस्त 2022 में इंटरनेशनल क्रिकेट के अलविदा कहले रहस।
  10. एशिया कप 2022: भारत-श्रीलंका के मुकाबला आज; टीम इंडिया हारल तs फाइनल में गइल बहुते मुश्किल होई, चहल हो सकेले बाहर, अश्विन के मिल सकेला मौका।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]