[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: केंद्रीय मंत्रिमंडल में शामिल होइहें चिराग पासवान!, भादो आ पितृपक्ष के बाद होई आधिकारिक ऐलान, लोकसभा चुनाव पs बीजेपी के फोकस।
  2. बिहार: राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा में बिहार शामिल नइखे, भाजपा के सवाल- बिहार के बिना कइसन भारत यात्रा, कांग्रेस के सफाई रुट में नइखे राज्य।
  3. उत्तर प्रदेश: ग्राम प्रधान से सक्रिय राजनीति में आइल रहले अरविंद, हरलो पs रुकले ना, 5 बेर चुनल गइले विधायक, फार्म हाउस में आज दिहल जाई समाधि।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में बेकाबू कार फुटपाथ पs सुतल मजदूरन के रउदलस, 2 के मौत 5 घायल।
  5. झारखंड: झारखंड सरकार के बेचैनी बरकरार, कहलस-राजभवन अब चुप्पी तुरो: JMM के आरोप, राज्य में राजनीतिक प्रदूषण फइलल बा, अब ले रांची ना लवटले राज्यपाल।
  6. कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा आज: राहुल गांधी श्रीपेरुम्बुदुर में राजीव गांधी के श्रद्धांजली देले, 31 साल पहिले एहिजे भइल रहे उनकर हत्या।
  7. रोड सेफ्टी के लेके गडकरी के ऐलान: कार के पिछिलो सीट पs बइठल पैसेंजर के लगावे के होई सीट बेल्ट, ना पहिनला पs देवे के होई फाइन।
  8. पाकिस्तान 8 महीना बाद सीजफायर तुरलस, फेसिंग कs रहल BSF जवानन पs कइलस फायरिंग, भारतो कइलस जवाब में फायरिंग, सैनिकन के कवनो नुकसान ना।
  9. मिस्त्री के एक्सीडेंट पs मर्सिडीज कंपनी से सवाल: कार के डेटा चिप जर्मनी भेजल गइल।
  10. एशिया कप से लगभग बाहर भइल टीम इंडिया: सुपर 4 के मुकाबला में श्रीलंका 6 विकेट से हरवलस, राहुल, विराट आ भुवनेश्वर के खराब पर्दशन।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]